मालिनी अवस्थी के पुरवईया रिलीज

मशहूर लोकगायिका मालिनी अवस्थी के सुरीला आवाज आ लोकसंगीत के छटा बिखेरत उनकर म्यूजिक अलबम पुरवईया मुंबई में टाइम म्यूजिक जारी कइले बा. एह अवसर पर संगीत आ सिनेमा से जुड़ल बड़का लोग मौजूद रहल. मशहूर बाँसुरीवादक हरी प्रसाद चौरसिया, हिन्दी सिनेमा के मशहूर अभिनेता जैकी श्रॉफ, टाईम म्यूजिक के सीईओ आदर्श गुप्ता, रियलिटी शो के जनक गजेन्द्र सिंह, गायिका मालिनी अवस्थी, आ यूपी के कला आ संस्कृति मंत्री सुभाष पाण्डे एह अलबम के सामूहिक रूप से लोकार्पित कइल लोग.

At the release of music album Purvaiya of Malini Awasthi

रिलीज का बाद मालिनी अवस्थी एह अलबम के गाना के लाइव प्रस्तुतिओ दिहली आ माहौल के संगीतमय बना दिहली. अलबम जारी करत हरि प्रसाद चौरसिया के कहनाम रहे कि पुरवईया लोकसंगीत आ संस्कृति के समेटले संगीतअनुरागियन खातिर नूतन हवा के झोंका जइसन बा. फेर मालिनी अवस्थी के लोकसंगीत का प्रति समर्पण आ ओकरा के व्यापकता दिलवावे के प्रयास के साधुवाद देत कहलन कि उनका अफसोस बा कि ऊ काहे ना अइसन कइलन. आज का रिमिक्स का जमानो में मालिनी अवस्थी के गायन उनकर कायल बना दिहले बा. कहलन कि उनका पूरा विश्वास बा कि मालिनी के ई प्रयास हमेशा जारी रही.

अभिनेता जैकी श्रॉफ कहलन कि पुरवईया के गीत दिल में उतर जायेवाला बा आ एकरा से युवा पीढ़ी में लोकसंगीत के फेर से स्थापित करे का दिशाईं काम करी. टाईम्स ग्रूप के सीईओ आदर्श गुप्ता कहलन कि उनकर कंपनी लोकसंगीत आ गीत के बढ़ावा देबे के सोचले बा आ पुरवईया एह दिशा में पहिलका शुरुआत बा. खुद मालिनी अवस्थी के कहना रहे कि पुरवईया उनका गायकी के अनमोल प्रस्तुति बा आ कहली कि रउरा सभे एक बार लोकसंगीत से जुड़ के देख लीं त फेर हमेशा जुड़ल रह जाएब. ऊ गजेन्द्र सिंह आ टाईम्स म्यूजिक के सहयोग खातिर धन्यवाद दिहली.

पुरवईया में कुल आठ गो गाना बा जवना के संगीत दिहले बाड़े सतीश अजय के जोड़ी. अलबम के निर्माता साईं बाबा टेलीफिल्म्स ह. मालिनी अवस्थी एनडीटीवी के लोकप्रिय रियलिटी शो जुनून कुछ कर दिखाने का में लोक संगीत के प्रतिनिधि रहली आ महुआ के लोकप्रिय रियलिटी शो सुरसंग्राम के जज रहली. समारोह में साईं बाबा टेलीफिल्म्स के धीरज कुमार आ फिल्म प्रचारक प्रशान्तोनिशान्त मौजूद रहलन.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त