चाहत में सनम के शूटिंग जारी
भोजपुरी लोकगीतन से सजल पंकज प्रवीण के बहुचर्चित अलबम चाहत में सनम के विडियो शूटिंग लखनऊ का अलगा अलग जगहा पर हो रहल बा, जेकरा में पंकज प्रवीण क संगे लखनऊ, बनारस, बहराइच आ लखीमपुर जइसन जगहन के कुछ नया कलाकारनो के अभिनय देखे के मिली. माटी का खुशबू से भरपूर एह आधुनिक तरह का अलबम में पंकज प्रवीण के लेखनी आ आवाज में कुल्ह आठ गो गीत बा, जेकरा में अलबम के शीर्षक गीत बहुते खूबसूरती से पंकज प्रवीण आ उनकर साथी कलाकार पर फिल्मावल गइल बा.
अंजोरिया डाट कॉम से फ़ोन पर भइल बातचीत में पंकज अपना एह अलबम के ले के बहुते उत्साहित रहलन आ अंजोरिया पाठकन के नववर्ष के बधाई देत ख़ुशी से चह्कत कहलन कि इतना संघर्ष के बाद एह अलबम के पूरा होत देखि के लागत बा कि हमरा जगत आँखि के सपना अब पूरा हो रहल बा आ भोजपुरी लोक संगीत के दिवाना लोग खातिर नया साल में हमार ई तोहफा जरुर पसंद आई. हम उम्मीद करत बानी कि भोजपुरी संगीत क भेड़चाल में एह अलबम के सगरी गीत एगो सुखद एहसास नियन होई.