मालिनी अवस्थी के मिलल भिखारी ठाकुर सम्मान

Malini Awasthiअपना मोहिनी आवाज आ शैली से सुनेवालन के मंत्रमुग्ध कर देबे वाली गायिका मालिनी अवस्थी के पिछला दिने दिल्ली में आयोजित विश्व भोजपुरी सम्मेलन में भिखारी ठाकुर सम्मान से सम्मानित कइल गइल. पद्मश्री भिखारी ठाकुर के भोजपरी के शेक्सपियर कहल जाला आ उनका नाम पर शुरु पुरस्कार से सम्मानित भइल गौरव के बात हऽ.

मालिनी अवस्थी के सम्मानित करत यूपी के पूर्व मुख्यमंत्री आ सांसद जगदम्बिका पाल कहलें कि भोजपुरी भाषा के व्यापकता आ आधुनिकता के एह दौर में भोजपुरी संस्कृति के कायम राखे खातिर मालिनी अवस्थी एह सम्मान के हकदार बाड़ी. सम्मान का तौर पर उनका के प्रशस्तिपत्र आ प्रतीक चिह्न दिहल गइल.

कार्यक्रम में शामिल होखे आइल छह देश का प्रतिनिधियन का सोझा मालिनी अवस्थी अपना गायकी के शानदार प्रस्तुति कइली. कार्यक्रम के उद्घाटन लोकसभा स्पीकर मीरा कुमार कइले रही आ महुआ टीवी प्रमुख पी के तिवारी, शत्रुघ्न सिन्हा, मनोज तिवारी समेत अनेकन लोग उपस्थित रहल.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त