फिल्मी हलचल - 6
एह अंक में
भोजपुरी फिलिमन में पहिचान बनावल चाहऽतानी :उर्वशी चौधरी
विधाता के प्रदर्शन बिहार झारखण्ड में शुरु बा.
भोजपुरी फिलिमन में पहिचान बनावल चाहऽतानी : उर्वशी चौधरी
जम्मू काश्मीर के रहेवाली आ मिस चण्डीगढ़ रह चुकल मॉडल अभिनेत्री उर्वशी चौधरी भोजपुरी फिलिमन में पहिचानबनावल चाहऽताड़ी. विनोद कुमार आ सरोज चौधरी के बड़की बेटी उर्वशी चौधरी अपना कैरियर के शुरुआत मॉडलिंग से कइली. चण्डीगढ़ में पढ़ाई पूरा करे वाली उर्वशी बाद में मिस चण्डीगढ़ चुनइली. ओकरा बाद पंजाबी गायकन का साथे म्यूजिक वीडियो अलबमन में काम करके ऊ प्रसिद्धिओ पा लिहली. बाद में हिन्दी फिलिम रिटेक, सदाबहार अभिनेता देवानन्द के मि॰प्राइम मिनिस्टर, ईश्क ना करना, आ ओम शान्ति में काम कइली.
उर्वशी चौधरी भोजपुरी सुपर स्टार मनोज तिवारी का साथे निर्देशक असलम शेख का फिलिम बलमा चार सौ बीस में बतौर नायिका ढेरे सराहल गइली आ भोजपुरी फिलिमन में काम करे लगली. अब जल्दिये ऊ मनोज तिवारी का साथे भोजपुरिया डॉन में नजर अईहन. उर्वशी कहेली कि भोजपुरी फिलिमन में काम करे के उनुकर अनुभव बहुते बढ़िया रहल बा.
कई गो एड फिलिम में काम कर चुकल उर्वशी देह उघारला का बात पर कहली कि अगर कहानी के जरुरत होखे त देह उघरला उनुका कवनो एतराज नइखे बशर्ते परदा पर ऊ सीन गंदा ना लागे. अपना महतारी बाबूजी के आभार प्रकट करत उर्वशी भोजपुरिया दर्शको से ओइसने प्यार दुलार के अभिलाषा राखत बाड़ी.
विधाता के प्रदर्शन बिहार झारखण्ड में शुरु बा.
भोजपुरी फिलिमन के सुपर स्टार रविकिशन आ निरहुआ के जोड़ी से सजल मल्टी स्टारर एक्शन फिलिम विधाता के प्रदर्शन बिहार आ झारखण्ड में ८ अगस्त से हो रहल बा. पीके क्रियेशन कृत श्री एंटरटेनमेंट के प्रस्तुति आ निर्माता द्वय प्रतिभा सिंह आ वीर सिंह के एह फिलिम के निर्देशन हैरी फर्नांडिज कइले बाड़न फिलिम हर जगहा बाक्स आफिस पर धूम मचवले बिया.
सईंया हमार बवाल बनावे के घोषणा
हिन्दी सिनेमा के मशहूर अदाकारा कुनिका सदानन्द लाल भोजपुरी के सुपर हिट फिलिम माटी बनवला का बाद अब भोजपुरी फिलिम सईंया हमार बवाल बनावे के घोषणा कइले बाड़ी. कर्मा इवेंट्स एंड इन्टरटेंमेंट का बैनर तले बने वाली एह फिलिम के निर्देशन बाली करिहन आ मुख्य पात्रन के भूमिका में भोजपुरिया महानायक कुणाल सिंह, कुनिका, विनय आनन्द, रुबी सिंह, गोपाल राय, सदा, रिया आ राकेश त्रिपाठी करिहन जा. एह फिलिम के गीतकार विनय बिहारी, संगीतकार राजेश गुप्ता, कथाकार कुनिका,पटकथासंवाद अमित झा, एसोसिएट प्रोड्यूसर आशीष गुप्ता आ प्रचारक प्रशान्त निशान्त रहिहन.
कुनिका सदानन्द लाल के फिलिम माटी पिछला साल सर्वश्रेष्ठ फिलिम सहित कई गो श्रेणी में इटीवी पुरस्कार से सम्मानित भइल रहे.
सावन में लोग झूमल.
भोजपुरी फिलिम इंडस्ट्रीज में आजुकाल्हु निरहुआ ब्रदर्स के चरचा ढेरे हो रहल बा. होखबो काहे ना करे? एक त दिनेश लाल निरहुआ के हर फिलिम सफलता के झण्डा गाड़त जा रहल बाड़ी स आ दोसरे उनुकर भाई प्रवेश लाल यादव के अलबम एगो चुम्मा पर दे देब जान अलगे धूम मचवले बिया. अब त निर्माता लोग प्रवेशोलाल का पाछा घूमल शुरु कर दिहले बा लोग.
आजु के चरचा वइसे दुनू भाईयन यानि कि निरहुआ ब्रदर्स के बाबा भोलेनाथ पर निकालल अलबम के हो रहल बा जवन भर सावन बाबा का भगतन का जुबान पर चढ़ल रहे आ भक्तगण ओह पर झूमत रहलन. टी सिरीज के निकालल एह अलबम हर हर बम बम बोल के में जहाँ निरहुआ आ पाखी हेगडे के जोड़ी बाबा के गुणगान करत बा ओहिजे प्रवेश लाल के जोड़ी राखी का साथे बा.
लागल रहसु निरहुआ भाई लोग.
संदूर दास शेखिया भोजपुरी फिलिमन का निर्माण में उतरलन.
सुप्रसिद्ध हिन्दी फिलम् क्षत्रिय के निर्माता संदूर दास शेखिया एमकेजी फिल्म्स का बैनर तले भोजपुरी फिलिम जाड़े मेंबलमाप्यारा लागे के निर्माण कइले बाड़न. एह फिलिम के शूटिंग अबहीं हालही में पूरा भइल बा. गोविन्दा के भांजा विनय आनन्द, मोनालिसा, बाली, गुरलीन चोपड़ा, संतोष श्रीवास्तव, मोना रे, देव मल्होत्रा, माया यादव, ब्रजेश त्रिपाठी, अरुण वर्मा, राम मिश्रा, मनोज नाथवानी आ आइटम क्वीन संभावना सेठ एह फिलिम के मुख्य कलाकार बाड़ें जा. एह फिलिम के निर्माता मुकेश कुमार, निर्देशक देव मुकेश के, गीतकार श्यामजी श्याम, संगीटकार अमन श्लोक, सह निर्माता सत्यवान पारेख आअनुपम ध्रुव आ कार्यकारी निर्मातासंजय कुमार सिंह बाड़े.प्रचार के जिम्मेदारी प्रशान्त निशान्त के दिहल गइल बा.