फिल्मी हलचल - 7

एह अंक में

बबुआ हमार फिलिम के फोटो फीचर

दुल्हनिया ले जा राजाजी के संगीतमय मुहुर्त सम्पन्न

गिनिज बुक में दर्ज हो सकेला धरमवीर के नाम.

छत्तीसगढ़ी सुपर स्टार पहिलका बेर भोजपुरी में

पटना से प्रशान्त-निशान्त (Ph.: 09934208664) के अगस्त का पहिलका हफ्ता में भेजल समाचार.

बबुआ हमार फिलिम के फोटो फीचर

निर्माता द्वय हितल उपाध्याय आ डा॰देवदत्त कपाडिया के बनावल भोजपुरी फिलिम बबुआ हमार फ्राइडे फिल्म्स का बैनर तले यू डी मूवीज के प्रस्तुति हऽ.

एह फिलिम के निर्देशन आनन्द डी घटराज कइले बाड़न. कहानी दीपा नारायण झा के लिखल हऽ.

मुख्य कलाकारन में अमर उपाध्याय, मोनालिसा, प्रवीण सिसोदिया, आ उदय श्रीवास्तव बाड़े.

Go to Top

समरजीत, मुंबई. फोन० 09323296795

दुल्हनिया ले जा राजाजी के संगीतमय मुहुर्त सम्पन्न

एस आर फिल्म्स के भोजपुरी फिलिम दुलहिनिया ले जा राजा जी के संगीतमु मुहुरत एगो गाना के रिकार्डिंग कर के कइल गईल. संगीत निर्देशक संजय वर्मा के संयोजन में उदित नारायण एह गाना के गवलन. ट्यून रिकार्डिंग स्टूडियो में सम्पन्न एह आयोजन में वरिष्ठ भोजपुरी अभिनेता कुणाल सिंह नारियल तोड़लन. संजय वर्मा एह फिलिम के लेखक, निर्माता, निर्देशक, आ संगीत निर्देशक बाड़न. गीत आ संवाद सारंग पाणि के लिखल बा. फिलिम के मुख्य किरदार कुणाल सिंह, रानी चटर्जी, विक्रांत, डब्लू सिंह आ डा॰अभय आशियाना बाड़न जा. अबहियों कुछ किरदारन खातिर कलाकारन के चयन बाकी बा. नवम्बर में एह फिलिम के शूटिंग मुंबई आ बिहार का कुछ लोकेशन पर कइल जाई.

Go to Top

पटना से प्रशान्त-निशान्त (Ph.: 09934208664) के अगस्त का पहिलका हफ्ता में भेजल समाचार.

गिनिज बुक में दर्ज हो सकेला धरमवीर के नाम.

कइसन संजोग बा कि भोजपुरी फिलिम धरमवीर के ०७ ०७ ०७, सात जुलाई सात, के मुहुर्त भईल आ ०८ ०८ ०८, यानि कि आठ जुलाई आठ के ई फिलिम रिलीज भईल. अइसनका संजोग भोजपुरी फिलिमन के इतिहास में पहिलके बेर भईल बा. एह संजोग से फिलिम के पूरा टीम उत्साह में बा आ उमेद करत बा लोग कि फिलिम कमसेकम ०९ ०९ ०९,यानि कि नौ सितम्बर नौ तक, लगातार चली.

धरमवीर के निर्माण कइले बाड़े जितेश दूबे आ निर्देशन असलम शेख. जइसे कि महेन्द्र सिंह धोनी आवते छक्का मार के आपन शुरुआत कइलन वइसहीँ जितेशो दूबे धरमवीर से अइसन सिक्सर मरले बाड़न जवन कि भोजपुरिया दर्शकन खातिर एगो नया अनुभव रहल. ई फिलिम सिंह ईज किंग से टकराइल तबहियो कई गो थियेटरन में लाठी चलावे के नौबत आ गइल. एह फिलिम से एगो नया सुपर स्टारो के उदय भइल, जे बाड़न अमर उपाध्याय.

जे भी धरमवीर के देखऽता उहे कहत बा कि कमाल के एक्टिंग कइले बाड़े अमर उपाध्याय. भोजपुरी सुपर स्टार रवि किशन के अभिनयो लोग के बहुते पसन्द आ रहल बा. उनुकर एगो डायलाग, जोगाड़ खोजऽ ता, पर त लोग हँसते हँसत बेहाल हो जात बाड़े. धरमवीर के बिहार में मिलल रिस्पांस पर जितेश दूबे के कहनाम बा कि ई त अबहीं शुरुआत बा, अबहीं त अइसनका कई गो सिक्सर मारे के बा.

Go to Top

छत्तीसगढ़ी सुपर स्टार पहिलका बेर भोजपुरी में

भोजपुरी सिनेमा का इतिहास में पहिलका हालि छत्तीसगढ़ी फिलिमन के सुपर स्टार अभिनय करत लउकिहन. भोजपुरी फिलिम किशन अर्जुन में छत्तीसगढ़ी भाषाई फिलिमन के सुपर स्टार अनुज शर्मा पहिलका बेर भोजपुरी फिलिम में अभिनय करीहन. हाई वोल्टेज वाली एह फिलिम में अनुज शर्मा का अलावा गौरव घई, रिंकू घोष आ मनोज टाइगर मुख्य भूमिकन में बाड़े. भोजपुरी सिनेमा के शो मैन कहाये वाला सुनील बुबना के एह फिलिम में एक से बढ़ के एक गीत, संगीत आ रोमांच का साथ गांव देहात के बात कइल गइल बा. फिलिम के पूरा शूटिंग बिहार के हाजीपुर, पटना, समस्तीपुर आ दरभंगा मे भईल बा.

एह फिलिमका बारे में बतलावत अनुज शर्मा कहलन कि सुनील बुबना का निर्देशन में काम करिके बहुते अच्छा लागल. वइसहीं मनोज टाइगर के कहनाम बा कि एह फिलिम में उनुकर भूमिका कमाल के बा, आ सांच कहीं त एहले बेहतरीन भूमिका हम आजु ले कवनो फिलिम में नइखीं कइले.

भोजपुरी सिनेमा में सुनील बुबना के आपन अलगे अन्दाज बा. बतौर निर्माता सुनील बुबना सुहागन बना दऽ सजना हमार, सौगंध, आ कहाँ जईबऽ राजा नजरिया लड़ाई के जइसन ब्लाकबस्टर फिलिम बनऽवलन आ भोजपुरी सिनेमा के एगो ऊँची उड़ान दिहलन. अब सुनील बुबना के कंपनी बुबना इंटरटेंमेंट के अगिलका फिलिम किशन अर्जुन शुरुवे से ढेरे चरचा बिटोर रहल बिया. एह फिलिम से पहिलका हाली छत्तीसगढ़ी सुपर स्टार अनुज शर्मा के भोजपुरी सिनेमा में एंट्री हो रहल बा आ सुनील बुबना पहिलका बेर एही फिलिम से निर्देशको बनल बाड़न. जाहिरा बाति बा कि जब कवनो निर्माता निर्देशक बनेला त ऊ जानेला कि कवनो फिलिम के प्लस प्वायंट का का हो सकेला. इहे ना, ट्रेड पंडितन के बात मानी त ई भोजपुरी के माइंड ब्लोविंग फिलिम हऽ आ जवना तरह सुनील बुबना के फिलिम कहाँ जईबऽ राजा नजरिया लड़ाई के सिनेमा घरन में पचासवाँ सप्ताह मनावे जा रहल बिया ओही तरह किशन अर्जुन सिनेमाघरन में उतरे के नाम ना लीहि.

Go to Top

Now it is your turn for Feedback

Name:

Email address:

Feedback :

Referred By :


Powered by thesitewizard.com