भोजपुरी लस्टम पस्टम

9 Apr 2009

देश में नेनो का बाद का होई

- जयन्ती पाण्डेय

रामचेला सोमवार के रात नैनो के बाजार मे बेंचे खातिर तैयार होखे के खबर पढ़ि के बड़ा मस्ती में बाबा लस्टमानन्द के दुअरा अईले. बाबा उनकर चेहरा देखि के बुझि गइलें कि जरुर कवनो खुशी के बात बा. पुछलें, का हो रामचेला, बड़ा खुश लउकऽतारऽ ?

रामचेला कहले बाबा हो, अब लखटकिया गाड़ी नैनो आ गइल बजार में बिकाये.

बाबा कहले, उहे त चिंता के कारण बा. हम त नैनो का बाद ई देश का बारे में सोचत बानी. अब जइसन कि अपना देश में हमेशा होला कि साले भर में गाड़ी कबाड़ हो जाले. हम ओहि आदत का चलते देखऽतानी कि आगे का होई. इहां पेश बा कुछ शंका -

नैनो के डिमांड बेसी बा आ सप्लाई कम. कोलकाता में लोग नैनो के कीने खातिर घुरी काटऽ ता. नैनो मिलत नइखे. अचानक कोलकाता का बाजार मे चाइनीज नैनो आ गईल. ओहमें टाटा के नैनो से कई गो बेसी गुण आ सुविधा बा, जइसे कि दाम आधा आ पेट्रोल के बचत. नैनो पेट्रोल से ना चल के बैटरी से चली आ बैटरी कवनो मोबाइल चार्जर से चार्ज हो जाई. अब रउआ एगो नैनो कीन लेतानी. चार दिन चढ़नी एकदिन अचके में गाड़ी के दरवाजा उखड़ि गईल. ई का एहमें त टिन के पत्तर का नीचे खालि थर्मोकोल भरल बा.

असहीं एकदिन रेक्सा खातिर रोड के किनारा पंहुचलऽ. अरे ईहां त दस पांच गो रेक्सा लागले रहत रहे. कहां गइले सन? तले नजर पड़ल पेड़ का नीचा पांच सात गो नैनो खड़ा बा. झँकलऽ भीतर त उहे बीरेंदरा रेक्सावाला खईनी बनावत रहे. पुछलऽ अरे तोर रेकसवा ? कही, का करीं चाचा, रेकसा त कहिये बेंच दिहनी. अब इहे ले ले बानी. असही कई लोग अचानक नैनो वाला हो जाई. जइसे धोबी, हजाम, आ गटा चटनी बेंचे वाला, सब नैनो ले के घूमऽ तारे सन. लईका आंगन मे ठुनकऽता, माई रे सेर भर गोंहू दे ना. लालमी वाला नैनो आइल बिया. रोड पर गाड़ी बढ़ि जाई त रोड पर जइसे ट्रक से ट्रक लड़ जाले ओसहीं नैनो से नैनोलड़ जाई. ई त तय बा कि नैनो से मुकाबला करे खातिर आउरो कम्पनी छोट गाड़ी बाजार में दे दिहे सन. कम्पीटिशन बढ़ि आ दाम नीचे आ जाई. अब ई हाल हो जाई कि पुरान कपड़ा से बरतन बदले वाला सब पुरान कपड़ा से नैनो बदलिहें सन. दू गो पुरान पैंट आ दूगो पुरान सूती साड़ी का बदला में नैनो. धीरे धीरे पूरा समाज नैनो आ बे नैनो वालन में बँट जाई. जइसे सरकार के खाता में कहाला बिलो पावर्टी लाइन ओसही कहाई बेदाउट नैनो फेमिली.