पहिला पन्ना | खबर | साहित्य | भाषा | टी॰वी॰ | सरोकार | सिनेमा | योग | संगीत | गीत गवनई | भउजी हो | चर्चा बा
लस्टम पस्टम | अगड़म बगड़म | भोला बाबू | राशिफल | शुभकामना संदेश | चिट्ठीमिलल | मारीशस से | भोजपुरी इन्टरनेट

Republic of Mauritius

As on 4 August, 2007.

मारीशस


एगो परिचय

हिन्द महासागर में मडागास्कर से ८०० किलोमीटर पूरब में बड़ुवे. मारीशस के राजधानी पोर्ट लूईस हऽ. बिऊ बेसिन रोज हिल, वकोआ फिनिक्स, क्योरपाइप, आ क्वात्रे बोर्न्स दोसर महत्वपूर्ण शहर हउवन सऽ. मारीशस ज्वालामुखि का राख पर बसल टापू हऽ जहवाँ दिसम्बर से अप्रेल ले चक्रवात उठत रहेला.

मारीशस के बहुमत इण्डो मारिशियन के बा जे सैकड़े ६८ बाड़न. एहमें से एक चौथाई आबादी मुसलमान लोग के बा. क्रिओल ओहिजा के मूल निवासी हऽ लोग. थोड़ बहुत संख्या में चीन आ फ्रांस के लोग भी बाटे. बाकिर जनसंख्या का हिसाब से बहुत अधिका प्रचलन फ्रेंच भाषा के बा. सम्पत्ति पर भी फ्रेंच हावीबाड़न. क्रेओल में भी फ्रेंच भाषा के ढेरे शब्द बाड़न सऽ आ कुछ लोग क्रेओल के फ्रेंच भोजपुरियो कहि देला.

हिन्दुस्तान से गईल लोगन में भोजपुरी बोले वाला मजदूर सबले अधिका रहुवन. ऊ लोग एग्रीमेण्ट पर गईल रहुवे जे बोलचाल का भाषा में बिगड़ के गिरमिटिहा मजदूर कहाये लागल लोग. ई लोग आजु ले आपन भाषा आ संस्कृति के जिअवले रखले बा बाकिर हालात देख के नइखे लागत कि भोजपुरी भाषा आ संस्कृति ढेर दिन ले जिअत रहि पाई. काहे कि नवका लोग का क्रेओल आ फ्रेंच अधिका पसन्द बा. भोजपुरी भाषा से रोजगार भा विदेशन में कवनो खास फायदा ना मिल पावे.

डच लोग सबसे पहिले मारीशस पर कब्जा जमावल आ डच प्रिन्स आफ नसाऊ मॉरिश का नाम पर मारीशस पड़ल. बाद में १७५७ ई टापू फ्रेन्च ईस्ट इण्डिया कम्पनी का कब्जा में आ गईल. १७६७ में फ्रांस सरकार मारीशस के नियन्त्रण ले लिहलसि. मारीशस १२ मार्च १९६८ के आजाद भईल आ १९९२ में जाके गणतन्त्र बनल. संविधान त १२हे मार्च १९६८ के लागू हो गईल रहुवे.

मारीशस के मुख्य राजनीतिक दल एमएमएम, एमएसएम हई सऽ. एकरा अलावा छोटहन पार्टियन के एगो बड़हन मोर्चा भी बनल बाटे.

१९४७ से लेके १९८२ तकले मारीशस में लेबर पार्टीके सरकार रहुवे. जे फेरु १९९५ में सत्ता में वापिस आ गईल. बीच में एमएमएम आ मारीशियन सोशलिस्ट पार्टी के मिलल जुलल सरकार १९८२ में बनल. कुछ लोग बाद में दल बदल लिहल एमएसएम बनावल आ बहुमत पाके सरकार बनावल. बाद में १९९५ में एमएलपी एमएमएम का संगे मिल के चुनाव लड़ल आ सरकार बनावल. २००५ का चुनाव में लेबर पार्टी फेर जीत गईल आ सरकार बनवलसि.

आजादी का बाद १९६८ से लेके १९८२ तकले सर शिवसागर रामगुलाम देश के प्रधानमंत्री रहलन. आजुकाल्हु उनुकरे बेटा नवीनचन्द्र रामगुलाम देश के प्रधानमंत्री बाड़न.

आजुकाल्हु

मारीशस के एगो मुख्य पार्टी एमएमएम से पार्टी में ताकतवर रहल आ दू नम्बर पर रहल अब्दुला हसन के पार्टी से निकाल दिहल गईल. उनुका हटला का बाद पार्टी के कमजोर पड़े के बात कहल जा रहल बा.

मारीशस के दोसर मुख्य पार्टी एमएसएम के मुखिया प्रविन्द जगननाथ आपन राजनीतिक ताकत बढ़वले जाति बा. प्रविन्द तऽ अगिला चुनाव में सरकारो बनावे के बाति करत बाड़न. एह खातिर ऊ यूनियन नेशनल पार्टी के असोक जगननाथ के अपना पार्टीमे ले आवे का कोशिश मे लागल बाड़न. हो सकेला कि जल्दिये एगो नया गठबन्धन बनो.