कच्चे तेल में पक्का प्यार हमार

आलोक पुराणिक

अमेरिका में व्हाईट हाऊस का लगे स गुजरत रहनी. कान में प्रेसिडेण्ट ओबामा के आवाज सुनाई दिहल -

का हो, गऊना हो जाई हमार फिलिम देखे कि नाही ? बहुते बोम्बस्टिक फिलिम बा.

हम घबड़ा गइनी, ओबामा भोजपुरी में बतियावत बाड़न. एहिजा कायदा से हिन्दी बोले ना आवे. साँचो, बन्दा असहीं प्रोग्रेस नइखे कइले. बहुते बहुत क्वालिटी होखे के चाहीं.

खबर बा कि अमेरिकी सरकार में भर्ती करे से पहिले ओबामा कैंडीडेटन से पूछत बाड़े कि भोजपुरी, हरियाणवी, तेलुगु समेत कवन कवन भारतीय भाषा जाने ल ? कवनो उनका के समुझा दिहले बा कि अब पूरा दुनिया में दूइये गो देश बा जहवाँ के गाहक मंदी हटा सके लें. एक त बा इंडिया आ दुसरका दूसरा चीन. चीन के त सिर्फ चाईनीजे से समुझल जा सकेला बाकिर हिन्दुस्तान के समुझे खातिर हरियाणवी, तमिल, तेलुगु, भोजपुरी समेत बहुते भाषा सीखे के पड़ी. खैर, हम देखनी कि एगो भोजपुरी कैंडीडेट क इंटरव्यू चलत रहे

ओबामा - भोजपुरी के का खासियत ह ?

भोजपुरी कैंडीडेट - बहुत बहुत धांसू फिलिम भोजपुरी में बनेली सँ. अपने सुनिये के डेरा जायब. सगरी इराक वार भुला जायब. व्हाईट हाउस में धमाल, इराक की भौजी, कच्चे तेल में पक्का प्यार हमार, कुछ अईसा फिलिम विलिम बनवाएब आ इराक में देखायब त ऊ सब फिलिम में मस्त होकर लड़ाई ऊड़ाई भूला जइहें सँ. इराक क भोजपुरी सोल्यूशन हमरे लगे बा.

ओबामा - भोजपुरी में फिलिम क अलावा अउरियो कुछ होला कि ना ?

भोजपुरी कैंडीडेट - भोजपुरी फिलिम क माध्यम से जे बा से कि सगरी सामाजिक, राजनीतिक सोल्य़ूशन समुझावल जाले. जइसे देखी, ऊ फिलिम बा, गंगा किनारे मस्ती मचईलऽ. ई फिलिम ई बतावेले कि बंदा लोकल इलाके छोड़ के मत जाये. गंगा किनारे पड़ल रहे आ मस्ती छाने, त कवनो पिराबलमे ना नू होखी. रउरा इराक गइनी त पिराबलम, अफगानिस्तान गइनी त पिराबलम. आप गंगा किनारे मस्ती में रहीं त ना आपके पिराबलम, ना उनका पिराबलम. हमरा भउजी क शादी में दोसर सोल्यूशन रहे. देखीं बुश एडमिनिस्ट्रेशन में कोंडालिसा राइज क बियाह ना भइल एहसे पिराबलम आ गइल. कोंडालिजा राइज बुश का तरफ से बहुते मारधाड़ करे जात रहली. बात ई ह कि शादी शुदा बंदा आपसे में लड़ झगड़ के शांत हो जाला. बाहर जाके लड़े के जरुरते ना पड़े. भौजी की शादी में फिलिम में इहे देखावल गइल बा. पूरा फिलिम में आठ गो शादी गीत बा, शादिये चलत रहऽता. कोंडालिजा राइज ई फिल्म देख लेती, त बुझ जइती कि शादी क पिराबलम मे जे अझूरा जाला ओकरा फेर दोसरा से अझूराये के जरुरते ना पड़े.

ओबामा सोचत बाड़न कि कि हाय अबले अमेरिकन एडमिनिस्ट्रेशन अतना ज्ञान बिना कइसे चलत रहल. चलत रहल तबे नू चउपट हो गइल - हमहू ओबामा के बता दिहले बानी.

बताईं, कुछ गलत तो नइखीं नू बतवले ?


आलोक पुराणिक जी हिन्दी के विख्यात लेखक व्यंगकार हईं. दिल्ली विश्वविद्यालय में वाणिज्य विभाग में प्राध्यापक हईं. ऊहाँ के रचना बहुते अखबारन में नियम से छपेला. अँजोरिया आभारी बिया कि आलोक जी अपना रचनन के भोजपुरी अनुवाद प्रकाशित करे के अनुमति अँजोरिया के दे दिहनी. बाकिर एह रचनन के हर तरह के अधिकार ऊहें लगे बा.

संपर्क 09810018799
email : puranika@gmail.com

आलोक पुराणिक जी के वेबसाइट