ऊँट का मुँह में काजू

आलोक पुराणिक

अबहीं ले जे लोग मल्लिका सहरावत भा राखी सावंतजी के अँगड़ाई पर फोकर करत रहुवे, हम खाली टीवीये चैनल के बात नईखी नू करत, अब उहो लोग ऊँट का करवट पर चिन्तित हो उठल बा.

मल्लिका जी से ऊँट पर आ गईल बा सौंदर्यबोध, थैंक्स टु चुनाव.

हम सोचनी काहे ना सोझे ऊँटे से बतिया लिहल जाव.

चहुँपनी त देखनी का ऊँट कवनो टीवी चैनल पर डांस के रियल्टी शो देखत रहुवे. कान्ह पर भाजपा के झण्डा रहुवे, ओकरा ऊपर कांग्रेस के झण्डा रहुवे. बसपो के झण्डा पीठ पर लिहले रहुवे.

हम पुछनीं, कवन करवट बईठबऽ ?

जवाब मिलल, हम त कबहिंयो ना पूछीं कि नेता कवना करवत बईठी.

देखिये नेतो से इंपोर्टेंट रउरा बानीं. सगरी जानवरन में रउरे करवट के महत्व बा. नेता के करवट आ बानर के करवट एके जईसन होला. केहू अंदाजे ना लगा सके कि उछल के मामिला कहवां ले चलि जाई. बाकिर रउरा से त ढेरे उम्मीद बा.

ऊँट एक तरफ झुके के कोशिश कईलस, फेर एके झटका में खड़ा हो गईल.

रउरा ओह करवट बईठे जात रहुंवीं, फेर खड़ा हो गईनी. फाइनल करीं ना.

ऊँट हँसे लागल आ कहलस, अच्छा.., नागों का जश्न, नाग का प्यार वगैरह प्रोग्राम त कई दिन ले देखावत रहे ल, बाकिर ऊँट से एके घंटा में फाइनल करवावत बाड़ऽ.

ओने से भाजपा के जलूस निकलत रहुवे त ऊँट भाजपा के झण्डा उपर कर लिहुवे. जलूस बाला लोग ऊँट के काजू के बरफी खिअवलसि आ एगो कार्यकर्ता वादा कईलसि कि जीतला का बाद ऊँट के अमेरिकन ऊँटनी का साथे छुट्ती मनावे खातिर स्वीट्जरलैण्ड भेजल जाई.

फेर कांग्रेस के जलूस लउकल, त ऊँट कांग्रेस के झण्डा उठा लिहलसि. अबकी बेर ऊँट से कहल गईल कि लम्बाई बढ़ाओ आयोग के अध्यक्ष ओकरे के बनावल जाई.

ओकरा बाद बहुजन समाज पार्टी का रैली में ऊँट हाथी का गले मिलल.

हम डँटनी, ऊँट रउरा विश्वास करे लायक ना रह गईनी. राउर त कुछ पक्के नईखे.

हमार पक्का नईखे, तबहियें नू तूंहुँ इन्तजार करत बाड़ऽ. जेकर सबकुछ पक्का होखेला ओकरा में मीडिया के कवनो दिलचस्पी ना रह जाव. पक्का त अब मदनलाल खुराना जी के बा कि कतहीं ना जईहें. देख लऽ मीडिया में केहू उनुका से बाते नइखे करत. ऊँट एगो महीन बात कहलसि.

खैर पता चलल कि ई त नटवर सिंह के बेटा जगत सिंह के ऊँट रहुवे. जगत पहिले कांग्रेस में रहलें, पिछला हफ्ता बीएसपी में रहलें, परसों बीजेपी में रहलें. ताजा स्कोर मालूम नइखे.

हम ऊँट नम्बर दो, ऊँट नम्बर तीन, ऊँट नम्बर चार सबका से मिलनी. सभकर इहे हाल रहुवे.

फेर एगो ऊँट विशेषज्ञ बतलवलन कि दिल्ली में सगरी ऊँट अइसने बाड़न सन, कवनो जगत सिंह के बा, कवनो भजनलाल जी के, कवनो रामविलास पासवान जी के.

अब रउरे बतलाईं कि कइसे बतलावल जाव कि ऊँट कवना करवट बईठी.


आलोक पुराणिक जी हिन्दी के विख्यात लेखक व्यंगकार हईं. दिल्ली विश्वविद्यालय में वाणिज्य विभाग में प्राध्यापक हईं. ऊहाँ के रचना बहुते अखबारन में नियम से छपेला. अँजोरिया आभारी बिया कि आलोक जी अपना रचनन के भोजपुरी अनुवाद प्रकाशित करे के अनुमति अँजोरिया के दे दिहनी. बाकिर एह रचनन के हर तरह के अधिकार ऊहें लगे बा.

संपर्क 09810018799
email : puranika@gmail.com

आलोक पुराणिक जी के वेबसाइट