डा॰रामरक्षा मिश्र विमल

Cover of music album of Dr.Vimal

देवी गीत १

रे मनवा माई के जय बोल.
भरमत रहबऽ असहीं हरदम, माया के जय गोल.
 
नीमन पहिरन चीकन भोजन मनलऽ तन अनमोल
बाकिर एक दिन उड़ि जाई सुगना पिंजरा के खोल.
 
जय माँ दुर्गे जय माँ काली जग में सुंदर बोल
ईहे राह दिखा के भव के बंधन दीही खोल.
 
जीव जगत में दरसन कइ लऽ माई के अनमोल
विमल रङा लऽ भगति चुनरिया छोड़ऽ टालमटोल.


देवी गीत २

निमिया के पुलुईं उपरा लागल बा झूलनवा 
हो कि से ही उपरा ना 
मइया के सोभेला असनवा 
हो कि से ही उपरा ना. 
 
झुलेला असनवा आ झुलावेला पवनवा 
हो कि सारी नगरी ना 
गम गम गमकेले बयरिया 
हो कि सारी नगरी ना. 
 
माई तोरा अइलीं हम चरनिया के सरनिया 
कि असिसवा दीह ना 
सगरो होखो मंगलगान 
कि असिसवा दीह ना. 
 
विमल करेले मन लगाइके पुजनिया 
कि नयनवा फेरिहऽ ना 
सेवक आइल बा दुअरिया  
कि नयनवा फेरिहऽ ना.


देवी गीत ३

हे बिंध्याचलवाली मइया,कलकत्ता के काली मइया 
तू ही कामाख्या तू ही दुर्गा तू ही वैष्णो देवी मइया 
तोहरे से संसंर के रचना पालन आ संहार ए मइया 
तू ही मैहर के सारदा जी,हमके चाहीं तोहरी सहइया. 
 
मइया मइया ए मइया 
मइया मैहरवाली मन में 
जोति जगइह ए मइया. 
 
मइया तोहरे पर बा असरा 
ना बिसरइह ए मइया. 
 
मइया राह कठिन बा आगे 
सुगम बनइह ए मइया. 
 
मइया सभका दुअरा खुशियन 
दीप जगइह ए मइया. 
 
मइया दरशन देके हमरो 
भागि जगइह ए मइया.


Cover of music album of Dr.Vimal

देवी गीत ४

ए देवी मइया बढ़ावऽ चरनवा. 
 
ताकींले सगरी डगरिया चिहुँकि के 
देखीं ना तोहके त रोईं डहकि के 
भरि आवे अँखियन में भादो सवनवा. 
 
अइबू त सधिया ना फूला समाई 
खुशी के नया जोति अँखियन में आई 
बहि जाई जिनिगी में सुख के पवनवा. 
 
तोहरे चरनिया के आसा में सर बा 
नेहिया के अमिरित पियासल अधर बा 
गमकइहऽ एक दिन विमल के अङनवा.


देवी गीत ५

मइया धीरे धीरे आवेली अङनवा हो ना. 
 
गमकेले सगरी डगरिया कि रतिया अँजोरिया हो ना 
कि मइया थाहि थाहि धरेली चरनवा हो ना. 
 
बघवा जे चले तरनाई आ ताके गुरनाई हो ना 
कि भरि भरि आवेला डेराइ के नयनवा हो ना. 
 
मइया जे हँसेली ठठाके कि कोरा में उठाके हो ना 
कि अपना अँचरा से पोंछेली नयनवा हो ना. 
 
विमल चरनिया के दास ओही के बाटे आस हो ना 
कि मइया राखि लऽ ना अपने सरनवा हो ना.


देवी गीत ६

पूरिके चउक धइके कलसा अंगनवा बोलाईंले 
माई चाहीं किरिपा के कोर , हम बोलाईंले. 
 
भगतन के पति बेरि मनसा पुरवलीं 
मान राखे खातिर अपना गोदियो खेलवलीं 
 
चंड मुंड रक्तबीज महिषा के मरलीं 
सुर नर मुनि भक्त सभके उबरलीं 
 
दउरी में लाल फूल मलिया ले आइल 
अछत चंदन सङे दवनी रङाइल 
 
भरि गइल टोला आ पड़ोस से अङनवा 
भरि आइल खुशी से विमल के नयनवा


Cover of music album of Dr.Vimal

देवी गीत ७

माई बिंध्याचलवाली तोहरी 
सरनिया कब ले आइल बानी हो 
माई मोरी हमके दऽ चरन के दरसनिया 
सरनिया कब ले आइल बानी हो. 
 
कंस करनवा तू त परगट भइलू 
गोकुल से बिंध्याचल अइलू हो 
माई मोरी सभ जानेला नउँवा के कहनिया 
सरनिया कब ले आइल बानी हो. 
 
नउँवा तोहार लेके लंगड़ा चलेला 
अन्हरो ताके खूबे हो 
माई मोरी गूङवो बोलेला मीठ बनिया 
सरनिया कब ले आइल बानी हो. 
 
धरती प बढ़ल जब अनेतिया 
सँसतिया बढ़ल देबी देवता के 
माई मोरी सभके तू उबरलू जिंदगनिया 
सरनिया कब ले आइल बानी हो. 
 
विमल चरनिया के दास 
ना कवनो दोसर आस बाटे हो 
माई मोरी मनवा भावे तोहरी बखनिया 
सरनिया कब ले आइल बानी हो.


देवी गीत ८

मइया ......हो ................ 
तहरा दुअरा अइलीं हम 
अबहूँ दुखवा भइल न कम 
मनवा होई कब गम गम ......हो 
 
तोहरे असरवा में जिनिगी बितवलीं 
गइलीं ना दोसरा दुआरी 
बड़ुवे हियरा में हुलास,टूटी कबहूँ ना बिस्वास 
होई तहरो करेजवा नरम. 
 
लछिमी के रूप बरिसावेला धनवा 
अगरावे सभकर मनवा 
दुखवा कहिया ले मिटी,गम के बादल कब छँटी 
जिंदगी होई कहिया सुगम ? 
 
तहरे से जग के रचना पालन 
तू ही सिवा संहारिनि 
तू ही बिस्वमोहिनी माँ,तू काली कपालिनी माँ 
बाटे तहरे से सभके करम. 
 
सुरसती रुपवा में सांति मिलेला 
जिनिगी से ऊबे जब मनवा 
दुनिया होखेले मगन,चहके वीणा पर गगन 
रहे मनवा में कवनो ना गम. 
 
तहरे प लागल नयनवा ए मइया 
विमल सरन में आइल 
मन में बाजी पैजनी,कहिया छिटकी चांदनी 
जिंदगी कहिया चमकी चम चम ?


देवी गीत ९

जय जय होला मंदिरवा 
पुरुबवा के ओरिया 
शंख धुन गूँजे मंदिरवा 
पुरुबवा के ओरिया. 
 
अड़हुल फुलवा से सजल दुअरिया 
लाल लाल फुलवा से सजि जाले थरिया 
गम गम गमके मंदिरवा 
पुरुबवा के ओरिया. 
 
निमिया के डढ़िया प माई के असनवा 
मीठ मीठ बहिके झुलावेला पवनवा 
उतरेली धीरे से अंगनवा 
पुरुबवा के ओरिया. 
 
माई के भावे रोजे अछत चंदनवा 
विमल करेले कर जोरिके बंदनवा 
होखेला भजन मंदिरवा


रामरक्षा मिश्र विमल के स्वर में नौ गो देवी गीत के अल्बम माई के जय बोल के लोकप्रिय गीत

गीतकार - डॉ॰ रामरक्षा मिश्र विमल

कंपनी - वेब कैसेट्स


संपर्क :
मोबाइल 09831649817
email : ramraksha.mishra@yahoo.com