Bhojpuri Literature

 

छह साल से अँजोरिया पर जेने तेने छितराइल रचनन के क्रमवार व्यवस्थित करे का क्रम में बहुते पुरान लिंक अब काम ना करीहन सन. कुछ पन्ना त गतालखाते डाल दिहल जाई काहे कि ओकनी के अब कवनो जरुरत नइखे.

अँजोरिया के शुरुआति दिनन के रचना पीडीएफ फार्मेट में उपलब्ध बा. ओकरा के रउरा एहिजा देख सकीले. ई सब रचना जून २००४ से पहिले प्रकाशित भईल रहली सन.

जून २०० का बाद के कुछ अंक एहिजा देख ली.....

जनवरी २००७ से प्रकाशित सामग्री क्रमवार ना क के विषयवार व्यवस्थित कईल गईल बा. जइसे कि साहित्यिक रचना साहित्य खण्ड में, सामयिक चरचा वाली रचना चरचा बा खण्ड में, फिल्मी विषय फिल्मी खण्ड में, भोजपुरी भाषा संबंधी रचना भाषा खण्ड में दिहल जा रहल बा. जहाँ तहाँ कुछ भ्रम भा गलती हो सकेला जवना के अँजोरिया के सुधी पाठक महटिया दीहें, ई निहोरा बा.

एगो शिकायत हमेशा रहल बा आ बहुत हद तक आगहूं बनल रही. रउरा सभे फीडबैक देबे में कंजूसी कर जाइलें. कुछ लोग आपन इमेल देबे का ना चाहे ओह लोग के भावना के ख्याल राख के हम अइसनका फीडबैक पन्ना दिहलेबानी कि रउरा इमेल का जगहा कुछुओ भर देम त काम चल जाई. बाकिर हम चाहेम कि रउरा सही सही इमेल दीं जवना के इस्तेमाल रउरा से संपर्क करे खातिर कईल जा सके.

कई बेर त हमार फीडबैक पन्ना कामे ना करे. कुछ लोग शिकायत करे ला कि हम फीडबैक भेजनी बाकिर ऊ प्रकाशित ना भईल भा ओह पर हमार जवाब ना मिलल. कई हालि रउरा सभे देवनागरी में कुछ भर के भेजीलें जवन हमरा ईहाँ आवे में पढ़हीं लायक ना रह जाव. एहसे हम निहोरा करम कि अगर देवनागरी में कुछ भेजे के होखे त अपना इमेल से भेजीं.

फीडबैक दे के देख लीं.