ज़माना बदले लगे, त पश्चिमी सभ्यता के दोष बा!

शैलेश मिश्र

साडी के जगह जींस लिहलस, धोती के जगह बरमुडा.
छोट बाल आ फ़िल्मी चाल, फैशन चलल बाल मांगमुडा.
कुँवारी के कवनो सीमा ना, ना सुहागिन के माथे सिन्दूर बा,
जब ज़माना बदले लगे, त पश्चिमी सभ्यता के दोष बा!

इन्टरनेट कनेक्शन मिल गइल, दुनिया के हर दुआर खुल गइल.
चैटिंग संस्कार नया परम्परा भइल, डेटिंग सभ्यता संगे आ गइल.
ना सरकार के जोश बा, ना मनई के आपन होश बा,
जब लोग गलती करे, त पश्चिमी सभ्यता के दोष बा!

अमेरिकन आईडल के नक़ल में इंडियन आईडल शुरु भइल.
इंग्लिश काउंटी क्रिकेटो से आगे, आई.पी.एल के रफ़्तार बा.
बइठे-बइठल फटाफट पइसा मिले, इहे सबके अंदरूनी सोच बा,
जब गलत असर दिखे लगे, त पश्चिमी सभ्यता के दोष बा!

बियाह कानून बदल गईल, गेय-लेस्बियन दंपत्ति भईल.
लोग खूब नारा लगावल, संविधान के धारा हटावे के बा.
चोरी-छिपे सब होत रहे, समर्थन आ विरोध के ढोंग बा.
जब सम्हार में ना आवे, त पश्चिमी सभ्यता के दोष बा!

सभ्यता-संस्कार चिरई ना हवे, पाँख लगा के कहीं पहुँच जाई.
दूर के ढोल सुहावना लगे, आपन बोली-भाषा-संस्कार कहाँ टिक पाई.
देश-बिदेश देखलन शैलेश त बुझलन अपने सिक्का में खोट बा.
जब दोसर कवनो बहाना ना मिले, त पश्चिमी सभ्यता के दोष बा!


शैलेश मिश्र
डैलस, टैक्सस, अमेरिका
जुलाई ७, २००९

चेन्नई में जनमल शैलेश मिश्र हिन्दी आ भोजपुरी भाषा के लेखक कवि हउवन; भोजपुरी असोसिएशन ऑफ़ नॉर्थ अमेरिका के संस्थापक आ अध्यक्ष हउवन; भोजपुरी के प्रसिद्ध सोशल नेटवर्क - भोजपुरीएक्सप्रेस.कॉम के सृजनकर्ता हउवन. लेखक मूलतः बलिया जिला के डांगरबाद गाँव से जुड़ल बाड़े आ आजुकाल्ह अमेरिका के डैलस शहर (टेक्सास) में कंप्यूटर सॉफ्टवेर इंजिनियर बाड़े. ई-मेल संपर्क : smishra@gmail.com

शैलेश मिश्रा भोजपुरी के सबसे प्रतिष्ठित सोशल साइट भोजपुरीएक्सप्रेस नेटवर्क के संस्थापको हईं.