लघुकथा संग्रह थाती

एह संग्रह में पचपन गो लघुकथा बाड़ी स. सगरी संग्रह एक एक क के प्रकाशित कइल जाई.

भगवती प्रसाद द्विवेदी

अनेसा

गौरैया जीव‍‍-जान से अपना अंडा के सेवत रहे. चाहे ऊ अँगना के मुड़ेरा प चहचहात होखे, फुर्र से उड़िके बगइचा में दाना चुगति होखे, भा पाँखि फड़फड़ावत बालू में नहातो होखे - ओकरा दिल-दिमाग में हरपल अपना अंडवे के फिकिर समाइल रहत रहे. ऊ त ओह दिन के बाट जोहति रहे, जब अंडा से बच्चा निकलि के ओकरा खोंता में चहचहा उठी.

आखिर ऊ घरी आइये गइल. अब गौरैया बड़ा जतन से ठोर में दाना दबा के ले आवे आ चीं-ची करत चूजा के चुगावे लागे. ओकरा के निरखि के ओकर मन बेरि‍-बेरि उमगि उठत रहे.

बाकिर अचक्के में गौरैया के मन में उदासी के बदरि मँड़राये लागलि. एगो अनजान डर से ऊ बेरि-बेरि थरथरा उठति रहे. ना जाने कब दुख के बरखा बरिसे लागे!

बगलगीर गौरैया ओकरा उदासी के कारन जाने के गरज से पूछलसि, "बहिना! अब त तहरा बचवन के पांखियो लागि गइल. आज त ऊ खुदे फुदुकि-फुदुकि के दाना बीनत रहल हा. बाकिर तबो तू काहें उदास बाड़ू?"

"इहे त उदसी के कारन बा बहिनी!" गौरैया के डबडबाइल आँखि से बेचारगी टपके लागल, "अब ओकर का भरोसा कि शहर का ओरि भागत गँवई लरिकन नियर दीगर घर बसावे ऊ कब उड़न-छू हो जाई! "


भगवती प्रसाद द्विवेदी, टेलीफोन भवन, पो.बाक्स ११५, पटना ८००००१