मैथिली भोजपुरी अकादमी, दिल्ली के कविता उत्सव

द संडे इण्डियन का दिल्ली कार्यालय में आयोजित सेमिनार के विषय

पिछला २० जनवरी २००९ के दिल्ली का श्रीराम सेंटर, मण्डी हाउस में मैथिली भोजपुरी अकादमी एगो कवि सम्मेलन के आयोजन कइलसि. मुख्य अतिथि रहली दिल्ली सरकार के भाषा मंत्री किरण वालिया. अपना संबोधन में किरण वालिया कहली कि भोजपुरी दुनिया के सबले मीठ भाषा हऽ आ एके सुनला पर हमके बहुते अच्छा लागेला. कई गो अइसनो भाषा बाड़ीस न कि सुनीं त बुझाई कि कहीं झगड़ा होत बा, बाकिर भोजपुरी में बहुत मिठास बा.

एह कविता उत्सव में अखिल भारतीय भोजपुरी समाज के दिल्ली इकाई के अध्यक्ष अजीत दूबे, जे कि अकादमी के वरिष्ठ सदस्यन में से हउवन, अपना संबोधन में कहलन कि संविधान का आठवीँ अनुसूची में भोजपुरी भाषा के जल्द से जल्द शामिल करे के चाहीं कांहे कि करोड़न भोजपुरियन के भावना एह से जुड़ल बा. उहां का एह मंच से भोजपुरी भाषा के विकास आ उत्थान के पुरजोर हिलायत कइनी आ भोजपुरिया लोगन से अपील कइनी कि एह काम में भरपूर सहयोग देव लोग.

अपना स्वागत भाषण में अकादमी के सचिव डा॰ रविन्द्र नाथ श्रीवास्तव अकादमी का तरफ से सभे के स्वागत कइलन. वरिष्ठ साहित्यकार प्रो॰नित्यानन्द तिवारी का अध्यक्षता में भइल कवि सम्मेलन के संचालन भी डा॰ श्रीवास्तव कइलन. उपस्थित कवियन में डा॰ चन्द्रदेव यादव, मनोज भावुक, प्रमोद तिवारी, अलका सिन्हा, गंगेश गुंजन, रविन्द्र लाल दास, डा॰ कामिनी कामायनी, अक्षय कुमार, डा॰ शत्रुघ्न कुमार, रमण कुमार, सारंग कुमार वगैरह कवि लोग रहे. कवि सम्मेलन में श्रीराम सेंटर के दूनो हाल खचाखच भरल रहे आ देर रात ले लोग कवि सम्मेलन के आनन्द उठावल. भीड़ देख के लागत रहे कि आयोजन दिल्ली ना यूपी भा बिहार के कवनो शहर में हो रहल बा. उपस्थित लोगन में खाली मैथिल भा भोजपुरिये ना रहलन बलुक बड़हन संख्या में पंजाबी, बंगाली, सिंधी भाषी भी मौजूद रहे लोग. एह कार्यक्रम के पूरा कवरेज भोजपुरी टीवी चैनल हमार टीवी पर भी दिहल गइल.


दिल्ली से देवकान्त पाण्डेय जी का रपट पर आधारित