भोजपुरी लोक कला कोहबर महोत्सव २००९

भोजपुरी लोक कला आ लोक संस्कृति के बचावे आ बढ़ावे का उद्देश्य से भागवत बाल एवं महिला कल्यान संस्थान ७ फरवरी से ९ फरवरी तक तीन दिन के एगो समारोह भटनी रेलवे स्टेडियम में मनावे जा रहल बा. देवरिया जिला में हो रहल एह समारोह के नाम दिहल गइल बा भोजपुरी लोक कला कोहबर महोत्सव २००९ आ एहमें देश दुनिया के भोजपुरी कलाकार सांस्कृतिक कार्यक्रम पेश करीहें. कार्यक्रम के कवरेज सहारा समय, महुआ न्यूज चैनल, हमार टीवी, दूरदर्शन आ रेडियो वगैरह भी होखी.

भोजपुरी लोक कला कोहबर महोत्सव २००९

कला कोहबर के मुख्य अतिथि गोरखपुर विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो एन एस गजभिये, नरेन्द्रदेव विश्वविद्यालय के कुलपति बसन्त राम, यूपी सरकार में राज्यमंत्री राजेश त्रिपाठी, गोरखपुर जोन के आईजी सुजानवीर सिंह आ पूर्वोत्तर रेलवे के डीआईजी मुख्य सुरक्षा आयुक्त जया सिहं चौहान रहिहन जा.

एकरा अलावे आउरीओ राजनेता आ प्रशासनिक पदाधिकारीयन के उपस्थिति संभावित बा.

कार्यक्रम का पहिलका दिने सात फरवरी के स्थानीय लोककलाकारन के स्वागत गीत से शुरुआत होखी फेर दीप जलवला का बाद सुनील तरंग बांसुरी वादन करिहन, फरुवाही आ धोबियउवा लोक नृत्य होखी आ मन्ना लाल आ जवाहर लाल यादव के बिरहा गायन होखी.

अगिला दिने कृषि विज्ञान आ जल प्रदूषण निवारण आ प्रबंधन विषय पर गोष्ठी से शुरुआत होखी. बाद में भोजपुरी लोक गायन प्रतियोगिता होखी जवना के दू वर्ग में करावल जाई. एक वर्ग में दस साल से सतरह साल के गायक गायिका रहिहन आ दोसरा में सतरह साल से तीस साल के. प्रतियोगित के निर्णायक मण्डल में श्री श्रीनारायण मिश्रा, श्रीमती मैनावती देवी श्रीवास्तव आ श्री प्रमोद चोखानी रही लोग.

साँझ खा राकेश श्रीवास्तव आ साथी लोक लोकगायन पेश करी, रंजना भारती बिरहा गईहन आ मुख्तार अहमद, आसतूरन देवी आ सूरज लोकनृत्य गीत पेश करी लोग. आखिर में कवि सम्मेलन आ मुशायरा के आयोजन होखी.

आखिरी दिने ९ फरवरी के लोक गायन प्रतियोगिता के विजेता लोगन के पुरस्कार दिहल जाई आ ऊ लोग अपना कला के प्रदर्सनो करी. बाबू नन्दन आ सुनील कुमार धोबियउवा नृत्य पेश करी आ आखिर में मंजू श्री नाट्य मंच का तरफ से बिदेसिया शैली में पिया परदेसी के मंचन कइल जाई.

अँजोरिया एह पूरा आयोजन के सफलता खातिर आपन शुभकामना देत बिया.