भोजपुरिया लोगन के पहिलका पसन्द बनल भोजपुरी एक्सप्रेस नेटवर्क

Bhojpuri Express Network Logo

अगर बिहार, यूपी, झारखण्ड के लोगन के जोड़ेवाली कवनो बात भा पहिचान खोजल जाव त भोजपुरी के नाम सामने आ जाई. कुछ ही दिन पहिले शुरु भईल भोजपुरी एक्सप्रेस नेटवर्क इन्टरनेट पर भोजपुरिहन के लोकप्रिय मंच बन गईल बा आ तेजी का साथ नेट पर आवे वाला भोजपुरिहन के पहिलका पसन्द बनल जा रहल बा.

भोजपुरी एक्सप्रेस नेटवर्क के शुरुआत अमेरिका में रहे वाला एगो उत्साही युवा शैलेश मिश्रा के प्रयास के फल हऽ. इन्टरनेट पर भोजपुरिया लोगन में शैलेश मिश्र के नाम सुपरिचित बा. भोजपुरी एसोसियेशन आफ नार्थ अमेरिका के संस्थापक शैलेश मिश्र उत्तर प्रदेश के बलिया के हउवन.

शैलेश मिश्र के कहना बा कि देश दुनिया में फईलल पसरल छितराइल भोजपुरिहन खातिर अइसनका कवनो सामाजिक मंच ना रहे जहवाँ हर कोई स्वतन्त्र वातावरण मे एक दोसरा से मेलजोल बढ़ा सको, विचार के आदान प्रदान करि सको, भोजपुरी संगीत भा वीडियो के आनन्द उठा सको. एही जरुरत के पूड़ा करे खातिर भोजपुरी एक्सप्रेस नेटवर्क के शुरुआत करे के पड़ल.

Shailesh Mishra

एही साल २००८ के जुलाई में शुरु भईल ई नेटवर्क लोकप्रियता का तरफ जनमते डेग बढ़ा दिहलसि आ आजु एकर पांच सौ से बेसी सदस्य बन गईल बाड़े. भारत, नेपाल, यूके, यूएआई, कतर, सिंगापुरम अमेरिका, कनाडा, न्यूजीलैण्ड, फिजी, सुरीनाम, गुयाना, मारीशस, त्रिनिडाड, इण्डोनेशिया, थाइलैण्ड, मलेशिया हर जगहा के लोग एह मंच पर जुट रहल बा. भोजपुरी जगत के करीब करीब हर बड़हन नाम आजु भोजपुरी एक्सप्रेस नेटवर्क से जुड़ चुकल बा.

भोजपुरी एक्प्रेस नेटवर्क आरकुट, यू ट्यूब, फ्लिकरम फेसबुक, ब्लागरम रेडियो, गीत, आनलाइन समूह, इन्स्टैन्ट मसेन्जर आ म्युजिक प्लेयर के सम्मिलित रुप हो गईल बा. एह पोर्टल पर अँजोरिया डॉटकॉम आ पूर्वांचल एक्सप्रेस डॉटकॉम से खबर के फीड, गोरखपुर रेडियो स्टेशन के भोजपुरी खबर भी उपल्बध करावल बा. भोजपरी के ओकर उचित मर्यादा आ जगहा दिलवावे खातिर जरुरी बा कि भोजपुरिया समाज आज एक होके खार होखो आ भोजपुरी एक्सप्रेस नेटवर्क एह दिसाईं एक मजगर डेग बन के बढ़ल बा. एह नेटवर्क पर सामजिक विषयन के चरचा, छठ आ फगुआ के गीत, भोजपुरी सिनेमा के वीडियो क्लिप सबकुछ मिल जाई.

दोसरा कवनो भोजपुरी पोर्टल पर अतना प्रतिष्ठित नाम ना लउकी जतना भोजपुरी एक्सप्रेस नेटवर्क पर बा लोग. पहिलके दिन से अँजोरिया एह नेटवर्क के प्रचारित करे में जुट गइल रहे आ आजु ले जुटल बा. भोजपुरिया गुरु का नाम से मशहूर लखनऊ के मनोज श्रीवास्तव, पूर्वांचल एक्सप्रेस के कुलदीप श्रीवास्तव भी एह नेटवर्क के प्रचार प्रसार में जी जान से लागल बाड़े. मनोज श्रीवास्तव भोजपुरिया गुरु त हरमेसा मिल जइहें एह नेटवर्क पर. पद्मश्री शारदा सिन्हा, गायिका कल्पना, फिल्म निर्देशक पंकज शुक्ल, फिल्म कलाकार सुदीप पाण्डेय, गीतकार बिपिन बहार, सिंगापुर भोजपुरी सोसाइटी के पूर्व अध्यक्ष आरजे मिश्रा, अखिल भारतीय भोजपुरी समाज के प्रभुनाथ राय, बाना के अनिनाश त्रिपाठी आ नन्दलाल सिंह, मशहूर भोजपुरी साहित्यकार मनोज भावुक, भोजपुरी सिंगापुर ग्रुप के नीरज चतुर्वेदी, पूर्वांचल एकता एक्सप्रेस के संतोष पटेल, भोजपुरी के सबले प्रभावी समूह भोजपुरी के संस्थापक विनय पाण्डेय जी वगैरह बहुते लोग एह नेटवर्क के सदस्य बन चुकल बा.

मीडिया के भोजपुरिया पत्रकार लोग एह नेटवर्क पर बहुत सक्रिय बा लोग. उभरत गायक पंकज प्रवीण आपन पहिलका अलबम एही नेटवर्क का सदस्यन का सहयोग से रिलीज कईलन. गाजीपुर के नीतिका दूबे, रक्सौल के पिंकी रजिया, कोलकाता के प्रतिभा सिंह अकसरहां एह पर चरचा छेड़त रहेला लोग. एगो टूर आपरेटर अनीश्वर सिंह एही नेटवर्क पर कई प्रवासी भोजपुरियन के मूल खोजे में मदद कइलन. न्यूजीलैण्ड के रतन, कोलकाता के टीवी एक्ट्रेस प्रतिभा सिंह, ममता पाण्डेय, बिमलेश तिवारी, मुंबई के अशोक भाटिया, लखनऊ के दिनेश तिवारी, दोहा कतर से मनीर आलम आ नूर आलम बादशाह, देवरिया के प्रभाकर पाण्डेय जइसन बहुत नाम एह नेटवर्क पर सक्रिय बा लोग.

भोजपुरी में शुरु भईल पहिलका वेबसाइट अँजोरिया एह नेटवर्क के आउरी लोकप्रिय होखे के कामना कर रहल बिया. अपना शुरुआते से अँजोरिया के ई परम्परा रहल बा कि भोजपुरी से जुड़ल हर प्रयास के प्रोत्साहित करो, सम्मानित करो. शैलेश मिश्रा जईसन उत्साही, संसाधन संपन्न व्यक्ति जवना संस्था के साथ रहो ओकरा सफल होखहीं के बा.