भोजपुरिया अन्दाज में होली मनवलसि भोजपुरी एसोसिएशन आफ नार्थ अमेरिका

Holi celebrations by  BANA

प्रेम आ सद्भाव का बंधन में बान्हे वाला रंग के त्योहार होली से शायदे केहू अपरिचित होखी. एह साल भोजपुरी एसोसिएशन आफ नार्थ अमेरिका, जवना के छोट नाम में बाना कहल जाला, नार्थ अमेरिका के लॉस एंजेल्स, आ केलिफोर्निया में भोजपुरिया अन्दाज में फगुवा मनवलसि आ अमेरिका में रहे बसे वाला बिहार यूपी के लोगन के आपन जड़ के इयाद दिया दिहलसि. बाना के एह कार्यक्रम में भारत आ फिजी के लोग आपस में मिलल जुलल. शामिल होखे वाला लोगो कह उठल कि ई फगुवा सांचहूं के फगुवा हो गईल आ फिल्मी अन्दाज में रंग गुलाल खेले के नयका परम्परा से अलगा साबित भईल.

एह मौका पर परात के परात अबीर गुलाल त रहबे कईल, मिठाई, आ ठण्ढईयो के भरपूर इन्तजाम रहुवे. साथ में रहुवे ढोलक हारमोनियम तबला आ झाल के संगत पर राम सीता आ राधा कृष्ण के होली गीत. पंडित लालता महाराज के ग्रुप देवर भउजाई वाला रसगरो फगुवा गावे में पाछा ना रहल आ सभकर मन गुदगुदा उठल.

सबेरे के फगुवा का बाद साँझ खा सांस्कृतिक कार्यक्रम आ भोजो के दौर चलल. लोकल रेडियो पर खबर आ गईला का चलते भीड़ अनुमान से दुगुना हो गईल रहे तबहियों सबकुछ व्यवस्थित ढंग से निपट गईल. कार्यक्रम के शुरुआत बाना के कार्यकारिणी सदस्य रोहित सिंह के भाषण से भईल. बाद में अविनाश त्रिपाठी अंतर्राष्ट्रीय पैमाना पर भोजपुरी के हो रहल विकास पर प्रकाश डललन. केलिफोर्निया लॉस एंजेल्स युनिवर्सिटी के वेज्ञानिक प्रोफेसर डा॰ राजा वशिष्ठ त्रिपाठी विशेष वक्ता रहनी. पंडित नरेश महाराज के ग्रुप चौताल गवलसि त संगीतिका त्रिपाठी के होली गीत सभकर मन मोह लिहलसि. खास बात ई रहे कि पूरा कार्यक्रम भोजपुरी में संचालित भईल.

कार्यक्रम के आयोजन प्रापर्टी बिल्डर हीरानन्दानी, न्यूयार्क लाइफ इन्स्योरेंस, आ भोजपुरिहा समाज के आर्थिक योगदान से स्पांसर भईल रहे. एह मौका पर बाना का तरफ से श्री पीके नाईक, फिजी के रेडियो प्रेजेन्टर मोहिनी कुमार, पंडित लालता महाराज, आ पंडित सुरेन्दर महाराज के सम्मानित कईल गईल. पुरस्कारन के घोषणा डा॰ सुनील तिवारी कईलन आ श्री श्याम चौधरी का हाथ से प्रशस्ति पत्रन के वितरण भईल.

बाना के अध्यक्ष शैलेश मिश्रा पुरा आयोजन में सक्रिय रुप से शामिल रहलन आ सफल आयोजन से संतुष्ट भईलन. रोहित सिहं आ राजन शुक्ला के योगदान भी बहुते बड़ रहुवे एह कार्यक्रम में. अन्त में डा॰ विनया सिहं के धन्यवाद भाषण का साथ समारोह के समापन कईल गईल.

आशा कईल जा सकेला कि बाना आगहूं भोजपुरी भाषा, संस्कृति, आ सरोकारन से जुड़ल रही.


17 मार्च २००9 के मिलल शैलेश मिश्रा के इमेल पर आधारित.

भोजपुरी समाज दिल्ली के आईएनकालोनी शाखा के होली मिलन समारोह

१५ मार्च का दिने नयी दिल्ली में भारतीय विमानपत्तन प्राधिकरण आवासीय परिसर में भोजपुरी समाज दिल्ली के आईएनकालोनी शाखा होली मिलन समारोह के आयोजन कईलस.

Holi celebrations by  Bhojpuri Samaj, Delhi

पूर्वांचल के गौरवशाली सामाजिक, सांस्कृतिक, आ साहित्यिक परम्परा के बढ़ावा देबे खातिर बनावल एह संस्था के होली समारोह के मुख्य अतिथि भारतीय विमानपत्तन प्राधिकरण के क्षेत्रीय कार्यपालक निदेशक श्री यूएन सिंह जी रहनी. विशेष अतिथि का रुप में बोलावल भोजपुरी समाज दिल्ली के अध्यक्ष श्री अजीत दूबे जी कुछ अपरिहार्य कारण से ना आ पवलीं. बाकिर आवासीय सोसाइटी के अध्यक्ष श्री होशियार सिंह, पूर्वांचल सेवा समिति नेताजी नगर के उपाध्यक्ष श्री दिनेश सिंह आ बहुते दोसर गणमान्य लोग अपना उपस्थिति से समारोह के सफल बनावल.

Holi celebrations by  Bhojpuri Samaj, Delhi

एह होली समारोह में कालोनी के लगभग तीन सौ लोग शामिल भईल आ लड़िकन के प्रस्तुत सांस्कृतिक कार्यक्रम के आनन्द लिहल. कार्यक्रम का दौरान कालोनीये के रहे वाला श्री वीके त्रिपाठी के होनहार बेटी सुश्रुति त्रिपाठी के सम्मानित कईल गईल. सुश्रुति के महामहिम राष्ट्रपति का हाथ से दिहल जाये वाला बालश्री पुरस्कार खातिर चुनल गईल बा.

समारोह के सफल आयोजन में वी के त्रिपाठी का नेतृत्व में बनारसी त्रिपाठी, राजन पाण्डेय, आरएन महतो, शैलेश कुमार, रामजीत साह, सुशील कुमार मौर्य, के के प्रजापति, अजय दूबे, मुन्नी लाल, राम सुमेर यादव आ बाकी कार्यकर्ता लोगन के खास योगदान रहुवे.

पूरा कार्यक्रम के संचालन श्री देवकान्त पाण्डेय कईलन.


17 मार्च २००9 के मिलल देवकान्त पाण्डेय के इमेल पर आधारित.