महुआ चैनल पर नया धारावाहिक शुरु भईल गंगा जमुना

23 March 2009

GangaJamuna TV Serial on Mahua Channel

कसौटी आ कहानी घर घर की जईसन सुपर हिट धारावाहिकन के लेखक महेश पांडे अब महुआ चैनल खातिर गंगा जमुना धारावाहिक के कहानी लिखल शुरू कइले बाड़े. २३ मार्च से रोजाना रात के आठ बजे शुरु होखे वाला धारावाहिक गंगा जमुना के निर्माण महेश पांडे टेलीविजन कंपनी कर रहल बिया आ निर्माता बा लोग मुकेश पांडे, राजेश पांडे आ महेश पांडे.

गंगा जमुना सास पतोहु के कहानी ना हऽ बलुक दू गो सहेली गंगा आ जमुना के कहानी हऽ जवन जनमली सन त अलगा अलगा परिवार में बाकिर जवनन के जान एक दोसरा में बसे ला. बकौल महेश पांडे एह दुनू सहेली के भवितव्य केहू नइखे जानत. गंगा के हमनी का भगवान राम का मर्यादा से जोड़ के देखेनी सन जबकि जमुना भगवान कृष्ण के तरह चंचल बिया.

महेश पांडे एकरा से पहिले तीन गो भोजपुरी फिलिम, घरदुआर, हम बाल ब्रह्मचारी तू कन्या कुंआरी, आ गब्बर सिंह के निर्देशित कर चुकल बाड़े. कहलन कि काम का व्यस्तता का बावजूद अपना माटी खातिर कुछ करे के ललक पूरा करे खातिर केहू तरह समय निकालहीं के पड़ी. कहलन कि गंगा जमुना में गांव के छोट छोट बात देखे के मिली आ रिश्तन के ऊंच नीच. बतवलन कि धारावाहिक के शूटिंग बनारस, आजमगढ़, राजपिपला आ मुंबई में करावल गईल बा. महुआ चैनल पर सोमार से बियफे हर रात आठ बजे एह धारावाहिक के आनन्द लिहल जा सकेला.

स्रोत : शशिकान्त सिंह, मुंबई. फोन: 9322411335, 9833295806