भोजपुरी सुपर स्टार रविकिशन हमार टीवी से जुड़लन

31 March 2009

Ravi Kishan

पिछला हफ्ता हमार टीवी के मुंबई आपरेशन का अध्यक्ष का रुप में रविकिशन हमार टीवी से जुड़ गइलन. भोजपुरी, मैथिली, मगही, अंगिका, बज्जिका, नागपुरी, अवधी, ब्रज आ खोरठा सब भाषा आ बोलियन के समाहित करे वाला ई चैनल चालीस करोड़ लोगन के प्रतिनिधित्व करे के दावा करऽता.

रविकिशन के लोकप्रियता जगजाहिर बा. जौनपुर में जनमल रविकिशन आज पूरा दुनिया में भोजपुरी के नाम रोशन कर रहल बाड़े. स्वाभाविक बा कि अइसनका स्टार के साथ पा के हमार टीवी के लोकप्रियता में इजाफा होखबे करी. बाकिर आजु काल्ह चैनलन का भीड़ में उहे लोग सफल हो पाई जेकरा लगे मौलिक सोच होई आ अपना लक्ष्य खातिर निष्ठा.

रविकिशन के प्रेस प्रतिनिधि उदय भगत का मुताबिक रवि किशन एह बहुभाषी चैनल हमार टीवी के प्रोमोट करे के बीड़ा उठा लिहले बाड़न आ चैनल के कार्यक्रम खातिर आपन अनुभव आ क्षमता के उपयोग करीहन. हमार टीवी के लक्ष्य वाक्य हमार टीवी हमार पहिचान साफ बतलावत बा कि हमार टीवी पूरबिया संस्कृति के निमना तरीका से पेश करी.

हमार टीवी पूरबिया कलाकारन के एगो मजगर मंच प्रदान करी अपना कला देखावे के आ एह काम में सभकर मदद करीहन रविकिशन.

स्रोत : उदय भगत, मुंबई. Ph. 09967485359