महुआ चैनल का बिहाने बिहाने में राकेश श्रीवास्तव
पूर्वाचल के मशहूर लोक गायक राकेश श्रीवास्तव तेइस मई शनिचर का दिने सबरे साढ़े सात बजे पेश होखे वाला महुआ चैनल के लोकप्रिय कार्यक्रम बिहाने-बिहाने में शामिल बाड़न.
भोजपुरी गायकी में पिछल कुछ साल से अपना गायकी के जलवा बिखेरे वाला राकेश श्रीवास्तव एह कार्यक्रम में बड़ा तइयारी कइके शामिल भइलन. इहो कहल जात बा कि उनुका कार्यक्रम के देख के उनका के फेर से दुबारा बुलावल गइल बा.
एह कार्यक्रम के संचालन अजित आनंद व सुप्रसिद्ध गायिका विजया भारती कर रहल बाड़ी आ कार्यक्रम के प्रस्तुतीकरण अमित श्रीवास्तव करीहन.
(२१ मई २००९)