भोजपुरी के पहिलका संगीत टीवी चैनल संगीत भोजपुरी पर अइली मुन्नी बाई नौटंकी वाली

भोजपुरी फिलिम मुन्नी बाई नौटंकी वाली शादी बियाह में आ मेला ठेला में नाच गा के जीविका कमाये वाली नचनियन के सांच कहानी पर आधारित बा. शादी बियाह में नाचे गावे गइला का दौरान ओकनी के जवन शोषण होला ऊ सब कुछ एह फिलिममें देखावल गइल बा. ओकनी के पीड़ा, जिनिगी के सच्चाई का साथे देखावतो में धेयान राखल गइल बा कि फिलिम मनोरंजनो करे, सामाजिक समस्या पर बनल डाकूमेन्टरी बन के ना रह जाय. फिलिम में रानी चटर्जी नायिका मुन्नी बाई का किरदार में बाड़ी. मशहूर नृत्य निर्देशक बाली एह फिलिमके निर्देशको बाड़न आ नायको के किरदार कइले बाड़े.

Bali and Rani on Sangeet Bhojpuri TV Channel

एही दुनू जने से टीवी चैनल संगीत भोजपुरी के टीम भेंट कइलस आ फिलिम बनावे का दौरान ओह लोग के अनुभव दर्ज कइलस.

रानी चटर्जी बतवली कि एगो नाच के शूटिंग का दौरान मंच टूट गइल आ ऊ ढिमला के चुटहिल हो गइली. तबो शूटिंग रोकली ना आ काम चालू रखली. बाली बतावत बाड़न कि सिनेमा में एके साथे अभिनय आ निर्देशन दूनो कइल कतना मुश्किल होला.

फिलिम का संगीत का बारे में बतलावत कहलें कि फिलिम में आइटम सांग भरल बाड़ी स बाकिर रोमांटिको गाना शामिल बा. फिलिम अपना गाना आ नाच से दर्शकन के भरपूर मनोरंजन करी एकर पूरा विश्वास बा.

संगीत भोजपुरी चैनल पर देखावल जा रहल एह आध घंटा के कार्यक्रम में यूपी का भदोही में शूटिंग का दौरान अपना अनुभव के चरचा कइले बा लोग. मौका निकाल के एह कार्यक्रम के जरुर देखे के कोशिश करीं.

रउरा सुविधा के ध्यान राखत एह कार्यक्रम के मंगल २६ मई का दिने साढ़े दस बजे, बुध २७ मई का दिने रात साढ़े नौ बजे, बियफे २८ मई के दुपहरिया तीन बजे, शुक २९ मइ के साँझ साढ़े छह बजे, आ शनिचर ३० मई के साँझ साढ़े सात बजे एह कार्यक्रम के देखावल जाई ताकि रउरा अपना व्यस्त कार्यक्रमो में एकरा खातिर समय निकाल पाईं.

स्रोत : मीडिया वर्ल्डवाइड प्राइवेट लिमिटेड

(२६ मई २००९)