अ॰भा॰भोजपुरी समाज के बढ़त कदम

भोजपुरिया लोगन के एगो मजगर संगठन अखिल भारतीय भोजपुरी समाज देश का कई हिस्सा में आपन संगठन बनावत बढ़ावत आगा बढ़ल जा रहल बा. अपना राष्ट्रीय अध्यक्ष प्रभुनाथ राय का नेतृत्व में भोजपुरी समाज के मौजूदगी देश के हर हिस्सा में हो गइल बा.

पिछला दिने भोजपुरी समाज के महाराष्ट्र ईकाई का गठन का अवसर पर १९ अगस्त के मुंबई में आयोजित विचार गोष्ठी में राष्ट्रीय अध्यक्ष प्रभुनाथ राय का साथे साथ महाराष्ट्र के भूतपूर्व गृहमंत्री कृपाशंकर सिंह, भोजपुरिया सुपर स्टार मनोज तिवारी समेत बहुते गणमान्य लोग कार्यक्रम में उपस्थित भइल लोग.

Prabhunath Rai in Mumbai Conference of Bhojpuri Samaj

महाराष्ट्र ईकाई के अध्यक्ष जीतेन्द्र प्रताप सिंह के आ प्रभारी चन्द्रशेखर शुक्ल के बनावल गइल बा. सुरेश शुक्ल संगठन के सांस्कृतिक प्रकोष्ठ के अध्यक्ष बनावल गइल बाड़े. अब ईकाई के प्रभारी आ अध्यक्ष बाकी कार्यकारिणी के चुनाव करीहें. फोन पर भइल बातचीत में प्रभुनाथ राय बतवनी कि अखिल भारतीय भोजपुरी समाज के गुजरात, दिल्ली, पंजाब, बिहार, झारखण्ड, उत्तर प्रदेश, आ छत्तीसगढ़ ईकाई के गठन पूरा हो चुकल बा. पश्चिमबंगाल ईकाई के पुनर्गठन के कार्य नवम्बर में आयोजित समारोह का दौरान कइल जाई.

रायजी आगा बतवलें कि २ सितम्बर के सीतापुर के महमूदाबाद में भगवान वामन के जन्मदिन पर जिला सम्मेलन आयोजित हो रहल बा. १४ सितम्बर का दिने फैजाबाद में भोजपुरी समाज के राष्ट्रीय अध्यक्ष प्रभुनाथ राय के सम्मान सामरोह आयोजित कइल गइल बा. २४ अक्टूबर के दिने लखनऊ का लक्ष्मण मेला मैदान के छठपूजा घाट पर एगो बड़हन सांस्कृतिक कार्यक्रम आयोजित कइल गइल बा जवना में भोजपुरी के मशहूर गायिका कल्पना का साथ पूरा देश से करीब दू सौ कलाकार आमन्त्रित बाड़े. कार्यक्रम पूरा रात चली.