सुर संग्राम के संग्राम के दूसरा चरण

भोजपुरी सम्राट कहलावे वाला भरत शर्मा भोजपुरी के एगो प्रतिष्ठित गायिका कल्पना के साफ बयानी के पचा नइखन पावत आ कल्पना का खिलाफ आपन अभियान चालू रखले बाड़न. आजुवे हिन्दुस्तान अखबार में पढ़नी हऽ कि के तरह पूरा घटना के तोड़ मरोड़ के कल्पना के अपराधी बनावे के कोशिश कइल जा रहल बा. पता ना दोसरा जज पर कमेंट करे वाला भरत शर्मा अपना पर भइल कमेंट बर्दाश्त काहे ना कर पवलें. शायद ढेर दिन ले मीडिया के चरचा से बाहर रहला का बाद मिलल एह मौका के छोड़ल नइखन चाहत. एही बहाने लोग फेर से भोजपुरी सम्राट के जान त जाई.

हमार कवनो मकसद नइखे भरत शर्मा के अपमान करे के. बाकिर सार्वजनिक जीवन में रहे वाला आदमी के कबो कबो अइसनका झेलहीं के पड़ेला. भरत शर्मा के महानता रहित जे ऊ अपना से हर मामिला में छोट कल्पना के ओह गलती के माफ कर दिहतन. खैर, ई उनकर फैसला बा. हम त बस अतने जानी ले कि डूबत सुरुज के अर्घा खालि छठे का दिन दिहल जाला. बाबा के हथिसार के चरचा ढेर दिन ले ना कइल जा सके.

अब एही विवाद के सहारा ले के कल्पना का खिलाफ जहर उगिलल जा रहल बा. कांट्रैक्ट पुरा भइला का बाद शो छोड़ दिहला के कल्पना के हटावल कहल जा रहल बा जबकि कल्पना ओह शो से भरत शर्मा वाला विवाद का चलते अलग नइखी भइल अपना मर्जी से अपना कारण से भइल बाड़ी. एह घटना के भरत शर्मा के तथाकथित अपमान से जोड़े वाला लोग नइखे चाहत कि लोग ओह प्रकरण के भुला जाव. ई प्रकरण इहो देखलावत बा कि समरथ के ना दोष गुसाईं. बड़का के हजार गलती माफ कर दिहल जाई बाकि छोटका के छोटहनो गलती का चलते फाँसी पर लटका दिहल जाई. अँजोरिया एह विवाद में कल्पना का साथ एह चलते दे रहल बिया कि ओकरा नजर में कल्पना का साथे अन्याय हो रहल बा.

अब चलीं सुरसंग्राम का ओर. बड़ा बढ़िया चलत रहुवे सुरसंग्राम. बड़ा बढ़िया एंकरिंग करत रहुवन मनोज तिवारी. चैनल के बढ़िया आमदनियो होखे लागल रहुवे. ओह आमदनी के बढ़ावे का लालच में चैनल सुरसंग्राम के लमरावल शुरु कर दिहलस आ कबो वाइल्ड कार्ड का नाम पर त कबो अश्वमेध महायज्ञ का नाम पर एपिसोड मे नया नया प्रतिभागियन के ले आवे लागल. अब केहू बताई का कि यूपी के मोहन राठौर आ बिहार के आलोक कुमार के का गलती बा? साल भर से प्रतियोगिता में लागल रहला का बाद जब ऊ लोग चोटी पर चहुँप गइल आ फाइनल में चुना गइल तब कहल जा रहल बा कि नया प्रतिभागियन से जीत के देखावऽ लोग. ई बात कवनो तरह से न्ययोचित नइखे. चैनल के सुरसंग्राम के फार्मेट अतना दुधारु गाय बुझात बा त ऊ आराम से सुरसंग्राम-२ चला सकत रहुवे एह सुरसंग्राम के निबटा के. तब नया नया जज रखा सकत रहलन, नया एंकर चुनल जा सकत रहे, नया स्पान्सर लिहल जा सकत रहे. बाकि बीच खेल मे नियम बदले वाला लोग कबो विश्वास लायक ना मानल जा सकस.

अबगे टटका टटका खबर मिलल बा कि सुरसंग्राम के एपिसोड ३५ गो से बढ़ा के ४५ गो हो गइल बा. ३५ गो एपिसोड के कन्ट्रैक्ट मनोज तिवारी आ कल्पना वगैरह का साथ साथ राजा बिस्किटो के रहुवे. एहसे ओकरा बाद कल्पना का जगहा मनोज तिवारी जज बन जइहन बाकी बचल एपिसोड खातिर, आ रविकिशन एंकरिंग करीहें. कहे के मतलब एगो अउरी संग्राम के बीजारोपन हो रहल बा. रविकिशन आ मनोज ति्वारी का बीचे के संबंध केहू से छिपल नइखे. शायद विवादे देखा के आपन टीआर पी बढ़ावे के मन होखे. खैर महुआ चैनल अब जवन कर ले, पुरनका आनन्द त आवे से रहल. जात जात मुँह में जवन कड़ुवाहट घोर गइल बा तवना के हटते हटत टाइम लागी. तबले राउर मन, सुर संग्राम देखीं भा कुछ अउर. शारदा सिन्हा वाला एपिसोड ३ अक्टूबर से आई आ ३० अक्टूबर के सुरसंग्राम के फाइनल होखी.