छठपूजा का अवसर पर

पिछला दिने भोजपुरी समाज, के आइएन कालोनी शाखा, नयी दिल्ली का तरफ से ईद, दिवाली आ छठ का शुभ अवसर पर २५ अक्टूबर अतवार का दिने कालोनी के सामुदायिक भवन में रात्रि भोज आयोजित कइल गइल.

V.K.Tripathi, V.K.Yadav, Ajit Dubey, and S.K.Maurya

बांयें से श्री वी के त्रिपाठी, अध्यक्ष (भोजपुरी समाज, आइएनए कालोनी शाखा, दिल्ली), श्री वी के यादव कार्यकारी निर्देशक (एटीएम) भारतीय विमाननपत्तन प्राधिकरण, श्री अजीत दूबे कार्यकारी निर्देशक (वित्त) भारतीय विमाननपत्तन प्राधिकरण, आ श्री एस के मौर्या महासचिव (भोजपुरी समाज, आइएनए कालोनी शाखा, दिल्ली)

उपाध्यक्ष श्री रामजीत साहु उगत सुरुज के अरघ देत

पूर्वांचल के सांस्कृतिक विरासत के संजोये राखे खातिर बनल एह संस्था के आयोजन में मुख्य अतिथि रहलन भारतीय विमानपत्तन प्राधिकरण के कार्यपालक निदेशक वित्त अजीत दुबे जे भोजपुरी समाज के दिल्ली प्रदेश अध्यक्षो हउवन. आइल लोगन में विनोद कुमार यादव आ पू्र्वांचल सेवा समिति नेताजी नगर के अध्यक्ष पशुपति सिंह शामिल रहनी. दुबे जी कहनी कि खुशी के बात बा कि जे तरह दिल्ली में छठ पूजा के छटा फइल रहल बा ऊ देन दूर नइखे जब छठ पूजा देखे खातिर लोग पटना ना जाई बलुक दिल्ली आवे लागी. विनोद यादव जी आपन बात भोजपुरी में राखत कहनी जे एह तरह के आयोजनन से मेलमिलाप बढ़ेला आ अपना संस्कृति से जुड़ल रहला के अहसास होखेला.

उगत सुरुज के अरघ देत छठ व्रती

कार्यक्रम के व्यवस्था शाखा अध्यक्ष विनोद कुमार त्रिपाठी का मार्गदर्शन में आ महासचिव सुशील कुमार मौर्या का नेतृत्व में कर्मठ कार्यकर्तागण के सामूहिक प्रयास से सफल भइल आ एह खातिर सभे साधुवाद के पात्र बा.