भोजपुरी सम्मेलन के दोसरका दिन

विश्व भोजपुरी सम्मेलन सफलता से सम्पन्न

दिल्ली में पूर्वांचल एकता मंच आयोजित दू दिन के विश्व भोजपुरी सम्मेलन अतवार का दिने पूरा हो गइल. देश-विदेश से आइल प्रतिनिधि एह महाकुंभ में नहइले आ भोजपुरी का समर्थन में आवाज बुलंद कइलें.

Kuldip, Malini, and Shivji सम्मेलन के दोसरका दिन पूरा तरह से संगीतमय रहल. बैले ग्रुप, तरूण तुफानी, आ सुर संग्राम के सितारा आलोक पाण्डेय, मोहन राठौर, अनामिका सिंह, विजेता गोस्वामी आ रामाशीष बागी त सबका के लोक रंग में डूबाइये दिहले रहे लोग बाकिर मनोज तिवारी का आवते त लोग पर जादू जइसन हो गइल. उनकर जादुई संगीत लोगन के बार-बार ताली बजावे आ नाचे के मजबूर कर दिहलस.

एही बीच बिहारी बाबू शत्रुघ्न सिन्हा आ महुआ चैनल के चेयरमैन पीके तिवारी क आगमन हो गइल. पूर्वाचल एकता मंच के अघ्यक्ष शिवजी सिंह सगरी अतिथियन के भव्य स्वागत कइलन आ जेहि विधि होखो ओहि विधि भोजपुरी के संविधान का आठवीं अनुसूची में शामिल करावे के बात कहलन. बिहारी बाबू आ पीके तिवारी एकर पुरजोर समर्थन कइलें आ सफल आयोजन खातिर बधाई दिहलें.

काल्हुवे उतर प्रदेश के पूर्व मुख्यमंत्री आ कांग्रेसी सांसद जगदिम्बका पाल के हाथे मंच के पत्रिका पूर्वाकुर आ भोजपुरी के लोकप्रिय शायर मनोज भावुक के गीत संग्रह चलनी में पानी के लोकार्पणो कइल गइल .

विमोचन का बाद एक बेर फेर गीत संगीत क दौर चलल आ लोकगायिका मालिनी अवस्थी सुर संग्राम के सितारन क साथ फगुआ गीत गाके समा बांध दिहली.

सम्मेलन में पूर्वांचल एकता मंच का ओर से शत्रुघ्न सिन्हा, पीके तिवारी, आ डॉ राजेश सिंह के भोजपुरी गौरव सम्मान, मालिनी अवस्थी के भिखारी ठाकुर सम्मान आ पूर्वांचलएक्सप्रेस के संपादक कुलदीप श्रीवास्तव के भोजपुरी पत्रकारिता गौरव सम्मान से नवाजल गइल.

कार्यक्रम के अघ्यक्षता भोजपुरी समाज के अघ्यक्ष अजीत दूबे आ मंच संचालन संतोष सिन्हा कइलें.

(स्रोत : पूर्वांचल एकता मंच के विज्ञप्ति)

(11 जनवरी 2010)