महुआ टीवी प्रमुख पी के तिवारी सम्मानित

P.KTiwari being honred by Shatrughna Sinhaमहुआ टीवी का रुप में भोजपुरिया दर्शकन के ओह लोग के भाषा के पहिला मनोर्जन चैनल देबे वाला महुआ प्रमुख पी के तिवारी के पिछला दिने दिल्ली में भइल विश्व भोजपुरी सम्मेलन में भोजपुरी गौरव सम्मान से सम्मानित कइल गइल. भोजपुरी चैनल के शुरुआत कर ले भोजपुरी भाषा आ संस्कृति के अंतर्राष्ट्रीय फलक पर प्रस्तुत करे आ ओकरा के एगो मुकम्मिल पहिचान देबे खातिर पी॰ के॰ तिवारी जी के सिने स्टार आ भाजपा सांसद शत्रुघ्न सिंहा के हाथे एगो प्रशस्ती पत्र, प्रतीक चिह्न, आ अंगवस्त्र दिहल गइल.

देश विदेश से आइल भोजपुरिया प्रतिनिधियन का बीच सम्मानित पी॰के॰तिवारी कहलें कि आजु भोजपुरी भाषा के एगो मुकम्मिल पहिचान मिल रहल बा आ हमार सपना कि कबो हमनियो का गर्व से कह सकीं कि हमनी का भोजपुरिया हईं, आजु सफल हो रहल बा. एह सम्मान से ऊ अपना के अभिभूत बतलावत कहलें कि दर्शकन के प्यार आ स्नेह के ऊ सदा आभारी रहिहन.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त