मशहूर भोजपुरी सेवक अभयकृष्ण त्रिपाठी के सम्मान

Abhay Tripathi honoredपिछला दिने दिल्ली में आयोजित विश्व भोजपुरी सम्मेलन में भोजपुरी के साहित्यकार आ सेवकन के सम्मानित कइल गइल. एहमें भोजपुरी के एगो जानल पहिचानल नाम अभय कृष्ण त्रिपाठी के अंगवस्त्र आ प्रशस्ति पत्र दे के डा॰प्रभुनाथ सिंह सम्मान से सम्मानित कइल गइल. सम्मान सम्मेलन के आयोजक पूर्वांचल विकास समिति के अध्यक्ष शिवजी सिंह का हाथे दिहल गइल