भोजपुरिया शिखर सम्मेलन सम्पन्न




20 फरवरी 2010 क साँझ इण्डियन एयरपोर्ट ऑथोरिटी ऑफ इण्डिया, दिल्ली के ऑफिसर्स क्लब में भोजपुरी के अन्तर्राष्ट्रीय चिन्तकन के एगो महत्वपूर्ण बइठका भइल जवना के अध्यक्षता भोजपुरी समाज के अध्यक्ष अजीत दूबे कइलें. बइठका के मकसद रहे भोजपुरी के ओकर वाजिब हक दिआवे खातिर एगो ठोस आ कारगर रणनीति बनावल.

Ajit Dubey and Sarita Buuddhu

परिचर्चा के शुरुआत भोजपुरी कवि मनोज भावुक कइलें आ कहलें कि दुनिया भर में फइलल भोजपुरी क तमाम महत्वपूर्ण संस्थावन के एह मिलन समारोह में सबकर अध्यक्ष उपस्थित बाड़े. एहसे हमनी का मिल जुल के संयुक्त रुप से भोजपुरी के विकास खातिर कारगर रणनीति बनावे के चाहीं. अध्यक्ष अजीत दूबे के कहनाम रहल कि आजु जरुरत बा कि भोजपुरी के तमाम संस्था के एक छत का नीचे ले आवल जाव आ ओकर मुख्यालय दिल्ली में बनावल जाव. कहलन कि एहसे हमनी के ताकत कई गुना बढ़ जाई आ भोजपुरी के वाजिब हक दिलवावे में कारगर प्रयास हो पाई.

मॉरिशस से आइल सरिता बुद्वू, ट्रिनिडाड से रिसर्च स्कॉलर पेंगी मोहन, मुख्य अतिथि आ अखिल विश्व भोजपुरी समाज विकास मंच, जमशेदपुर के अघ्यक्ष बीएन तिवारी उर्फ भाईजी भोजपुरिया, पूर्वाचल एकता मंच के अघ्यक्ष शिवजी सिंह, पूर्वांचल एक्सप्रेस के कुलदीप श्रीवास्तव, रंगकर्मी आ फिल्म निर्माता उमेश सिंह, इग्नू में भोजपुरी प्रणेता प्रो शत्रुघ्न कुमार, नाटककार महेन्द्र प्रसाद सिंह, लोकदृष्टि संपादक राजेश पाण्डेय, मानवीय महिला सेवा अर्पण केन्द्र क संचालिका पूनम सिंह, वेववार्ता संपादक सईद अहमद, भोजपुरी समाज के उपाघ्यक्ष प्रभुनाथ पाण्डेय, प्रदीप कुमार पाण्डेय, बिहारी खबर के मुन्ना पाठक, सन्तोष पटेल आ भोजपुरी कॉग्रेस के अघ्यक्ष सुधीर सिन्हा सगरी लोग एह तरह के प्रयास के पुरजोर सर्मथन कइल.

Book presentation

परिचर्चा से पहिले मनोज भावुक के गजल संग्रह तस्वीर जिन्दगी के के दूसरका संस्करण के विमोचन कइल गइल आ अन्त में होली मिलन के कार्यक्रम भइल. संचालन डॉ रमाशंकर श्रीवास्तव आ संयोजन मनोज भावुक अउर कुलदीप श्रीवास्तव कइलें.

बइठका में सर्वसम्मति से निर्णय लिहल गइल कि अजीत दूबे का नेतृत्व में एगो कोर कमेटी के गठन कइल जाई.


स्रोत : मीडिया क्लब आफ इण्डिया