ब्रेकिंग न्यूज

सुर संग्राम से कल्पना के बिदाई भइल कि छोड़ दिहली?

Kalpana fades from Sur- Sangram on Mahuaa TV

खबर आइल रहुवे कि पिछला एपिसोड में भरत शर्मा से अझुराइल कल्पना के महँग पड़ गइल आ सुर संग्राम का जज से उनकर विदाई हो गइल. बाद में खबर के परत दर परत उघरल चलल जात बा आ बात अबहीं खतम नइखे भइल. फेर खबर आइल कि कल्पना आ मनोज तिवारी दुनू जने सुर संग्राम के छोड़ दिहलन आ शारदा सिन्हा त स्पेशल जज बन के आइल रही. छोड़ल गइल कि छोड़ावल गइल एह पर दुनू पक्ष आपन आपन बात कहीहें बाकि ई खबर लिखे तक ले के स्थिति इहे बा कि मनोज तिवारी एंकरिंग ना करीहें. उनुका के मनावे के पुरजोर कोशिश हो रहल बा बाकि जहाँ त क सुने में आइल बा मामिला अतना अझूराइल बा कि सलटे के संभावना कमे बा.

पिछला एपिसोड में एगो प्रतिभागी से सवाल पूछला पर भरत शर्मा टोक दिहलें त कल्पना उखड़ गइली आ पलट के पूछ दिहली कि आपका रिश्तेदार है क्या? एह टिप्पणी के जे भी सुनल से अवाक रह गइल, चाहे ऊ मंच पर एंकरिंग करत मनोज तिवारी होखसु भा बगल में बइठल मालिनी अवस्थी. भरत शर्मा भी अवाक रह गइल रहुवन.

कल्पना के एह अनियन्त्रित आचरण का खिलाफ चारो ओर चर्चा शुरु हो गउवे आ कई अदमी हमरो के फोन करके भा मेल भेज के एह बात खातिर कल्पना के निन्दा कइलन. बाते आदमी के पान खियावेला आ बतिये लातो खियावेला. कल्पनो ना कल्पना कइले होखिहन कि उनकर कहल एगो बात उनका पर भारी पड़ जाई.

पहिले उड़त खबर आइल रहे कि कल्पना के जज से हटा दिहल गइल बा आ उनका जगहा शारदा सिन्हा के ले लिहल गइल बा. एह एपिसोड के शूटिंगो शुरु हो गइल बा. एह पर आशा भइल रहे कि मालिनी अवस्थी आ शारदा सिन्हा का मौजूदगी में मंच पर फेर अइसन कवनो दृश्य देखे के ना मिली. बाकि तबले दोसर परिन्दा उड़त आ के दोसर खबर सुना गइल आ हमहूं अवाक रह गइल बानी पूरा बात जान के. अबहीं पूरा बात बतावल ठीक ना रही काहे कि हर पक्ष से बात नइखे हो पावल. सबजने मगज पच्ची में लागल बाड़न. बाकि अगर ई खबर पक्की निकलल त अँजोरिया के पिछला लेख भविष्यवाणी का रह हो जाई कि सुर संग्राम के बेसुरा होखे के अनेसा हो गइल बा.

Kalpana fades from Sur- Sangram on Mahuaa TV

का बढ़िया चलत रहुवे सुरसंग्राम. गुड्डू रंगीला का आवते माहौल बदल गइल. आ एह रियलिटी शो के लमहर खींचे का फेर में बीच बीच में पपलू आ अश्वमेध महायज्ञ से योद्धा ले आवे का कोशिश में सुर संग्राम आपन लय ताल भुला गइल. एह विवाद में अब ले कल्पना, मनोज तिवारी, महुआ टीवी, भा गजेन्द्र सिंह से हमार बात नइखे हो पावल. जवने खबर मिलल बा उड़त चिरइयन से. एहसे पढ़त रहीं अँजोरिया आ जानत रहीं पल पल के हाल चाल. बतावल नाजायज ना कहाई कि ई खबर सबसे पहिले अँजोरिये पर ब्रेक भइल बा.

(21 Sep 2009, 9-16PM)