नजरिया तोहसे लागी स्पेशल संगीत भोजपुरी पर
भोजपुरी गीत संगीत के लोकप्रिय चैनल संगीत भोजपुरी पर भोजपुरी फिलिम नजरिया तोहसे लागी का टीम से एक्सक्लूसिव इन्टरव्यू प्रसारित हो रहल बा. ऊ लोग फिल्म निर्माण का दौरान के अॡना अनुभव से दर्शकन के अवगत करा रहल बा. फिल्म के विषय बा पकड़ुआ बिआह. एहमें कवनो लड़िका के जबरदस्ती अपना लड़की से बिआहेला लोग. लड़िका का सामने दू गो विकल्प होला, या त वरमाला पहिरावऽ ना त गोली खा. एही डायलाग से मालूम हो जात बा कि उत्तर भारत में दहेज समस्या का चलते कवन विकृति पैदा हो गइल बा. फिलिम १२ फरवरी के रिलीज हो रहल बा.
बेटवा बाहुबली फेम के अजय दीक्षित एह फिल्म के नायक बाड़े जवना के दीप शर्मा का निर्देशन में संतोष सिंह बनवले बाड़न. विभूति त्रिवेदी, रजा मुराद, आयाम मेहता, देव मल्होत्रा आ पुष्पा वर्मा एह फिल्म के खास कलाकारन में शामिल बाड़न जा.
फिल्म के नायक अजय दीक्षित कहलें कि पकड़ुआ बिआह के समस्या उनका के प्रेरित कइलस कि एह विषय पर फि्लम बनावल जाव कि केहू के अपना मर्जी का खिलाफ शादी करे के ना पड़े. उत्तर भारत का कई इलाकन में शादी योग्य लड़िकन के अपहरण कर के कवनो लड़की से बिआह दिहल जाला आ अगर लड़िका इन्कार करल चाहे तो कहल जाला, वर माला पहिराओ या गोली खाओ. अजय कहलन कि फिलिम के होली का ठीक पहिले रिलीज कइल जा रहल बा आ फिल्म में होली खातिर एगो खास गाना बा जवना के भोजपुरिया दर्शक बहुते पसन्द करीहें.
विभूति त्रिवेदी का बारे में बतलावत अजय दीक्षित कहलन कि उनकर ई पहिला फिलिम हऽ बाकिर ऊ गजब के परफारमेंस दिहले बाड़ी एह फिलिम में. विभूति आ अजय के बीच के खूबसूरत गणित दर्शकन के देखे के मिली एह फिल्म में. संगीत निर्देशक राज का मुताबिक फिल्म के गाना सुमधुर बनल बाड़ी सँ आ बाकी भोजपुरी फिल्मी गीतन से अलगा लगीहन सँ.
संगीत भोजपुरी पर ई कार्यक्रम बुध के रात एगारह बजे, शुक ५ फरवरी के सँझिया छह बजे से, अतवार के साढ़े चार बजे शाम से, मंगल के ११ बजे दिन से, बियफे ११ फरवरी के शाम साढ़े चार बजे से, शुक १२ फरवरी के दिन में ११ बजे से देखावल जाई.