बड़की मलिकाइन के बहिन बनली उनकर गोतनी
महुआ टीवी पर धूम मचावे वाला धारावाहिक बड़की मलिकाईन के कहानी में अब नया मोड़ आवे वाला बा. काल्हु ले उनकर छोट दुलारी बहिन सरल अब उनकर गोतनी बन जइहन. बड़की मलिकाईन के देवर अमर से सरला के बियाह हो रहल बा.
बहुते दिन से चलत आ रहल अपना प्यार के सगरी पारिवारिक परेशानी झेलत अमर सरला के जोड़ी आपन बियाह सकरवा लेबे में आखिरकार सफल होइये गइल. आ अब जब छोटकी बहिन गोतनी बन के आ रहल बिया त देखे लायक होखी कि दुनु में कइसन निबह ता. भोजपुरिया समाज में कहल जाला कि दू बहिन के शादी पारिवारिक कलह के शुरूआत कर देले. का उहे एहिजो होखे जा रहल बा ?
बड़की मलिकाईन के किरदार गायिका अभिनेत्री दिपाली करत बाड़ी आ बहिन सरला क किरदार श्वेता तिवारी. नीरज पाण्डे अमर का भूमिका में बाड़न. बड़की मलिकाईन सोमार से बियफे ले रोज रात नौ बजे से शुरु होला.
स्रोत : प्रशान्त निशान्त