जजसंग्राम शुरु हो गइल डांस संग्राम में

Shweta in foul mood पिछला एपिसोड में श्वेता तिवारी डांस के महागुरु सरोज खान के टिप्पणी के बहुते कड़ुवा विरोध कर बइठली आ ठकुआइल एंकर निरहुआ देखत रह गइलन. सरोज खान जानल मानल कोरियोग्राफर हई आ निरहुआ उनका के अकसरहाँ बड़की माई कह के संबोधित करेलें. निमना निमना स्टार लोग के अपना अगुरी पर नचावे वाली सरोज खान के भरल महफिल में अइसनका विरोध झेले के पड़ी एकर अंदाज उनुका कबो ना रहल होखी. बाकिर डाँस संग्राम के शनिचर वाला एपिसोड में उहे हो गइल.

बाद में आपन गुरुता देखावत सरोजे खान बैक आउट कर गइली बाकिर श्वेता तिवारी के तेवर देखत अंदाज लगावल मुश्किल ना रहे कि ई आग अबही अउरी फफकी. सुने में आ रहल बा कि अगला एपिसोड में उहे हो गइल बा. शुक १२ फरवरी के देखावल जाये वाला एपिसोड में एक बेर फेर श्वेता तिवारी आपन विकराल रुप देखा दिहले बाड़ी. सुरुआत ओहि तरे भइल जब ओहि प्रतिभागी का बारे में सरोज खान कह दिहली कि एकर परफार्मेंस पिछलको बेर से खराब बा. नयका स्टेप श्वेता तिवारी सिखवले रहली. कहली कि हम त बस आपन प्वंयंट आफ व्यू रखले रहीं आ एहमें का गलती रहे ? सरोज खान कहली कि कोई गलती नहीं है परंतु आज आप पूरी तरह से गलत बोल रहीं हैं. ओकरा बाद जब दुनु जने में बहस होखे लागल त संभावना सेठ बीचबचाव करे चहली त श्वेता बोल उठली, तुम चुप रहो ! मैं अम्मा से बात कर रही हूं. एह जवाब पर संभावना फफक पड़ली.

सब कुछ से नाराज दिखत श्वेता अम्मा से पूछ बइठली कि का हम ई शो छोड़ दीं. त अम्मो जवाब दे दिहली कि आप खुद समझदार हो. तीनो जज का बीच का एह संग्राम का दौरान मंच पर सन्नाटा छवले रहल आ निरहुआ ठकुआइल देखत रह गइलें. अब पता ना ई सब टीआरपी रेटिंग खातिर ड्रामा हो रहल बा कि रियलिटी ह से त भितरे के लोग जानी. याद करीं कि पिछलको संग्राम सुर संग्राम में एही तरह के संग्राम भइल रहे आ ओकरा बाद ओकर पूरा सुर बदल गइल रहे. एंकर बदल गइले, जज बदल गइले. देखल जाव नयका संग्राम में अब का हो रहल बा ? शायद महुआ टीवी के संग्राम नाम नइखे सहत !