फेर आ रहल बाड़ी भौजी नम्बर वन

Logo of Mahua TV अब एक बेर फेरु रउरा सभे अपना पसन्दीदा भोजपुरी चैनल महुआ टीवी पर भउजियन के भिड़न्त देख पायब. अगल बगल के भा खुद रउरे घर के भउजी लोग के लटका झटका, मजेदार बात, आ ओह लोग के ज्ञान के खजाना से रुबरु होखे मौका फेर मिले जा रहल बा.

महुआ चैनल पर पर साल भौजी नं॰ १ धमाल मचवले रहुवे. अब ओकरे दोसरका सीजन शुरु होखे जा रहल बा. एकर आडिशन के शुरुआत हो चुकल बा. भारत का आठ गो शहर, लखनऊ, गोरखपुर, बनारस, पटना, राँची, कोलकाता, नोएडा, आ मुंबई में एह रियलिटी शो Bhauji No. 1 logoखातिर प्रतिभागियन के खोज कइल जा रहल बा. १८ फरवरी के गोरखपुर में आ २० फरवरी के बनारस का न्यू होटल ब्राडवे में आडिशन लेके प्रतिभागी चुनल जइहें. पटना में २२ फरवरी के एक्जिविशन रोड का होटल रिपब्लिक में, कोलकाता के सेंट जार्ज स्कूल में, नोएडा के फिल्मसिटी के सेक्टर १६ए में, आ मुंबई का बालाजी स्टूडियो में आडिशन के कार्यक्रम बा.

आठो शहर से ननद भउजाई के कुल मिला के ४८ गो टीम चुनल जइहें सँ. प्रतिभागी चुने के काम निर्देशक अजय पाल सिंह आ शो के एंकर प्रियेश सिन्हा कर रहल बाड़े.चलीं फेर तइयार हो जाइल जाव भउजी लोग के कमाल देखे खातिर.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त