महुआ पर होली के डबल धमाल

Logo of Mahua TV भोजपुरिया दर्शकन पर एह साल होली के रंग बहुते गहिरा चढ़े जा रहल बा. खुमारी अइसन रही कि होली का बादो ले दिलो दिमाग छपले रही. राउर पसन्दीदा भोजपुरी चैनल महुआ अबकी ले के आ रहल बा होली के डबल धमाल. अबकी के होली रउरा अपना परिवार आ महुआ संगे पूरा मस्ती आ धमाल का साथे मनावे जा रहल बानी. काहे कि अबकि के शनिचर आ अतवार महुआ अपना के होली का रंग में रंगे जा रहल बा.

Holi on Mahuaa TV

होली के बात चले त एगो राजनेता के नाम बरबस सामने आ जाला, आ ऊ हउवन लालू प्रसाद यादव. अबकी लालू प्रसाद यादव डांस संग्राम का टीम का साथे रउरा सभे के होली का रंग में सराबोर करे आ रहल बाड़े. एह दुनु दिन फगुआ के ऊ रंग जमी कि रउरो मनोरंजन के ओह चाशनी में गोता लगावत लउकब. शनिचर का रात डांस संग्राम में डांस का साथ रंग आ अबीरो उड़े जा रहल बा. शो के एंकर दिनेशलाल यादव निरहुआ डांस संग्राम के दुनु टीमन के मालकिन श्वेता तिवारी आ संभावना सेठ का साथे फगुआ का मस्ती में रहीहन. शो के महागुर सरोजो खान एह रंग से अछूता ना बचिहन. सो में दुनु टीम पुरब टोला आ पश्चिम टोला बन के सामने आई. अभिषेक के डांसिग देख के संभावना के भगवान कृष्ण के शरारत याद आ जाई त रांची के दीपू आ कोमल के नागपुरी सांग पर डांस सबकर दिल जीत लिही.

Holi Dhamal on Mahua TV एंकर दिनेश लाल यादव मंच पर महागुरु सरोज खान के एगो जोगीरा के मतलब होली गीत गा के बतइहें आ पटना के प्रदीप आ अंजलि फगुआ से जुड़ल आपन याद सबका से बाँटी लोग. शो का अंत में सभे मिल के होली का रग में सराबोर हो के अपना अपना होली कला के प्रदर्शन करी.

अतवार के रात फगुआ से ठीक एक दिन पहिले महुआ चैनल पर होली के हसीन शाम सजे जा रहल बा जवना में कलाकार लोग त रहबे करी, ओह लोग का साथे रहीहें लालू प्रसाद यादव. मंच पर आवते लालू प्रसाद महुआ के दर्शकन के होली के बधाई दीहें आ महुआ के प्रमुख पी के तिवारी के धन्यवाद दीहें कि महुआ टीवी का माध्यम से भोजपुरिया समाज के एगो बड़हन मंच दे दिहलें. ओकरा बाद शुरु होखी लालू प्रसाद के शानदार होली जवना में पूरा भोजपुरिया समाज गोता लगाई. लालू होली से जुड़ल आपन एगो कवितो सुनइहन.

Holi Dhamal on Mahua TV मनोज तिवारी चुहलबाजी करत लालू प्रसाद आ पी के तिवारी से पुछीहें कि सुनत बानी कि रउरा लोग एह घरी कुछ डबल डबल मानवत बानी त लालू प्रसाद झट से पुछ बइठिहें कि हमनी के छोड़ऽ आपन बताव कि कतना के घुमावतारऽ ? होली के एह स्पेशल साँझ के एंकरिंग करीहें मनोज तिवारी आ साथे साथ अइहें रविकिशन, दिनेशलाल यादव, आ श्वेता तिवारी. लालू का मौजूदगी में भोजपुरी किंग दिनेश लाल यादव आ पाखी हेगडे होली में बड़ा गरम बा गाना पर एगो धमाकेदार प्रस्तुति दीहें. भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी आ श्वेता तिवारी लगवा ल हो बारह बरिस मन ताजा रही गाना पर मस्ती भरल परफारमेंस दीहें. गायक भरत शर्मा व्यास राधाकृष्ण के होली गइहें त मालिनी अवस्थी ओर महीना में बरसे ना बरसे, होली में रंग जरुर बरसेला गीत पर आपन नृत्य प्रस्तुति दीहें. भोजपुरिया सुपर स्टार रविकिशन संभावना सेठ का साथे सा रा रा रा जोगीरा सा रा रा पर आपन शरारत भरल प्रस्तुति दीहें. संगही संगे मंच पर आवे वाली फिल्म सात सहेलियाँ के निर्माता निर्देशक राजकुमा पाण्डे अपना फिल्म के सातो सहेलियन का साथे होली गीत पर धमाकेदार प्रस्तति दीहें.

सुर संग्राम के प्रतिभागी आलोक कुमार, मोहन राठौड़, छवि पाण्डेय, आलोक पाण्डेय, रामाशीष, अनामिका सिंह, चंदन नंदन आ राँची के ज्योति साहू के फगुआ गीत एह साँझ के यादगार बना दी. धारावाहिक सेनुर आ रियलिटी शो लाफ्टर एक्सप्रेस के टीमो एह शाम में आपन स्पेशल प्रस्तुति दी लोग. अतवार के ई साँझ पूरा भोजपुरया समाज के होली के बधाई दे के खतम होखी.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त