आदित्य नारायण के डांस धमाल

Aditya in Dance Sangram छोटका पर्दा पर एपना एकंरिंग से युवा दर्शकन के दिल के धड़कन बन चुकल आदित्यनारायण झा के धमाल एह हफ्ता भोजपुरी टीवी चैनल महुआ के लोकप्रिय रियलिटी शो डांस संग्राम में देखे के मिले जा रहल बा. अपना पहिलका फिल्म शापित के एह शो का माध्यम से प्रमोट करे चहुँपल आदित्य जम के धमाल मचवलन आ आपन भोजपुरिया अन्दाज देखवलन. मेरी कहानी डांस की जुबानी वाला थीम के एह एपिसोड में सेलिब्रिटी जज का रुप में शो में शामिल आदित्य नारायण झा जब फिल्म शापित के अदाकारा श्वेता अग्रवाल का साथे मंच पर एंट्री मरलन त आवते दर्शकन से भोजपुरी में हालचाल पुछलन आ रउआ सबे के प्रणाम कह के अभिवादन कइलन. ओकरा बाद अॡना फिल्म का बारे में बतियवलन. तब शुरु भइल डाँस संग्राम के परफार्मेंस के दौर.

एपिसोड के शुरुआत सगरी प्रतिभागी समूह नृत्य से कइलन. फेर अइली राँची के कोमल जे मेरे दोस्त का जनाजा गाना पर आपन नृत्य प्रस्तुति देत घरी फफक पड़ली आ अपना दोस्त का बारे में बतवली. उनका बाद राँचिये के दीपू अइलन जे अपना डांस कैरियर के स्ट्रगल के दास्तान नृत्ये के माध्यम से देखवलन. दीपू के शो के महागुरु सरोज खान खुद अपना जीवन के कहानी जस बतवली.

गोरखपुर के परफार्मर अविनाश अपना नृत्य का माध्यम से अपना बहिन के प्रेम विवाह के कहानी सुनवलन जवना पर सगरी लोग भावुक हो गइल. पटना के भाई बहिना प्रदीप आ अँजलि अपना स्ट्रगल के देखावल लोग त गौरी क्षेत्री अपना कमजोर आर्थिक हालात के बयान नृत्य का माध्यम से कइली. गौरी के प्रदर्शन के बाद महागुरु सरोज खान पुछ दिहली कि तू अपना माता पिता से कइसे बतियावेलू त गौरी बतवली कि ऊ कोमल के मोबाइल इस्तेमाल करेली. एह बात पर सरोज खान गौरी के एगो मोबाइल उपहार में दिहली.

पूरा एपिसोड के दुख भरल दास्तान देखत आदित्यो नारायण कई बेर इमोशनल हो गइलन. आखिर में आदित्य एगो भोजपुरी गाना गवलें आ ओही पर आपन डांसो देखवलें. एह एपिसोड के प्रसारण शनिचर १३ मार्च के होखे वाला बा.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त