'खानदान' धारावाहिक के पचास एपिसोड पूरा भइल

भोजपुरी के पहिलका चैनल महुआ टीवी पर देखावल जा रहल धारावाहिक सीरियल खानदान आज हर घर में पसन्द कइल जा रहल बा, चाहे ऊ भोजपुरिया श्रोता परिवार होखो भा हिन्दी श्रोता परिवार. आ अब एह शो के पचास गो एपिसोड पूरा हो चुकल बा.

Khandaan Team at the celeberation party

एह खुशी के उत्सव मनावे खातिर खानदान धारावाहिक के पूरा टीम एगो सेट पर एगो पार्टी आयोजित कइलस जवना में ढोल नगाड़ा का बीच धारावाहिक के सगरी टीम जम के मजा लिहलसि. केहू डांस कर के मस्ती करत रहुवे त केहू गाना गा के. एह मौज मस्ती का सैलाब में डूबत धारावाहिक के निर्माता अनिल अजिताभो अपना के ना रोक सकलन आ डांस में शामिल होके खूबे मस्ती कइलन. उनुका संगे रहुवन महुआ टीवी के वरिष्ठ पदाधिकारी पंकज तिवारी, सीनियर कार्यकारी निर्मात्री उर्मिका राय, निर्देशक संतोष बादल, छायाकार आर आर प्रिंस, कला निर्देशक सुमीत मिश्रा, पप्पू खन्ना, धनंजय मिश्रा, कलाकार परितोष संद, शक्ति सिन्हा, रीना रानी, रोशन खाँ, प्रिया सिंह, शिवम तिवारी, धीरज पण्डित, सुधीर डाल्वी, सुदीप पान्डे आ पीआर सलाहकार प्रशान्त निशान्त.

इन्टरटेनमेंट इन्टरटेनमेंट का बैनर में बनल आ प्रसारित हो रहल एह धारावाहिक के निर्माता अनिल अजिताभ आ निर्माण प्रमुख अभय सिन्हा हउवें. महुआ टीवी के एह फिक्शन शो के टीआरपी चार्ट में पहिला जगहा मिलल बा आ भोजपुरी इलाकन में कई गो दोसर हिन्दी धारावाहिकन के दर्शक बँटा गइल बाड़े.


स्रोत - प्रशान्त निशान्त, जनसम्पर्क सलाहकार, महुआ टीवी