भउजी नं॰ १ के फाइनल

महुआ चैनल पर देखावल जा रहल धारावाहिक भउजी नं॰ १ के फाइनल बियफे २२ अक्टूबर के देखावल गइल. आ एह एपिसोड में लखनऊ के रोहिला जे रसीली भउजी रहली भौजी नं॰ १ के खिताब जीत ले गइली.

Bhauji No.1 with her Nanad

तिरसठ एपिसोड के लमहर सफर पूरा करके बियफे का दिन भउजी नं॰१ अपना आखिरी दौर चउसठवाँ एपिसोड में चहुँप गइल जहवाँ रंगीली भउजी, रसीली भउजी, झूमरी भउजी, आ छबीली भउजी का बीचे महामुकाबिला भइल. चारो भउजी अपना अपना ननद देवर का सहयोग से भौजी नं॰ १ बने का दौड़ में लागल रहली.

आ एकर फैसला करे खातिर विजया भारती आ अजीत आनन्द के साथ देबे आइल रहली शिवानी कश्यप, आ आइल रहलें भोजपुरी गीतकार बिनय बिहारी आ भउजियन के चहेता देवर मशहूर गायक सुपर स्टार मनोज तिवारी. एक तरफ विनय बिहारी अपना गीतन से भउजाइयन के हौसला बढवलन त दोसरा तरफ मनोज तिवारी साँचि कहे तोरे आवन से हमरे अँगना में आइल बहार भउजी गा के भउजियन के महत्ता बतवलन आ उत्साहित कइलन.

Bhauji No.1 Final

विजया भारती आ अजीत आनन्द जे अबले कुर्सीये पर बइठले बइठल गावत रहुवे एह एपिसोड में उहो लोग मंच पर उतर के आपन कला देखावल लोग.

एह फाइनल एपिसोड के शुरुआत मनोज तिवारी कइलन आ भोजपुरी के मशहूर गाना साँची कहें तोरे आवन से भउजी गा के सबकर स्वागत कइलन. एह फाइनल एपिसोड में सब जज भउजाई लोगन के हौसला अफजाई करे में लागल रहे. विजया भारती आ अजीत आनन्द अपना गायकी से भउजी लोगन के आ दर्शक लोगन के आनन्दित कर दिहलें.

फाइनल मुकाबिला में रंगीली आ छबीली भउजी रसीली भउजी से आगा निकले के होड़ में लागल रहली बाकिर रसीली भउजी सबका के पाछा छोड़त आखिरी दौर में चहुँपिये गइली.

लखनऊ के रोहिला रसीली भउजी का नाम से प्रतियोगिता में रहली भौजी नं॰ १ के ताज से नवाजल गइली आ विजया भारती उनका के ट्राफी दिहली.

रांची के संदीप ओझा रंगीली भउजी रहली आ तीसरका जगहा पर रहली आ अजीत आनन्द का हाथ से ट्राफी पवली.

मुंबई के अंशुल तिवारी छबीली भउजी बन के रहली आ दूसरा जगहा पर अइली. उनका के मनोज तिवारी का हाथ से ट्राफी दिहल गइल. आखिरी जगहा पर रहली मुंबई के चेतना जे झुमरी भउजी रहली आ उनका के प्रियेश का हाथ से ट्राफी दिहल गइल.

बाद में चारो भउजाइन के नगद पुरस्कार आ प्रमाणपत्र मनोज तिवारी का हाथ से दिहल गइल.

भउजी नं॰१ त कवनो एके गो भउजी बनली बाकिर एह धारावाहिक कार्यक्रम से घर घर के भउजाई देवर, भउजाई ननद के रिश्ता में मजबूती आ गइल बा आ ई धारावाहिक एही बहाने पूरा परिवार से आपन संबंध बना लिहले रहुवे.


स्रोत : महुआ टीवी चैनल के जनसंपर्क अधिकारी प्रशान्त-निशान्त