नयका जमाना के योग गुरु सुनील सिंह

नयका जमाना के योग गुरु सुनील सिंह आधुनिकता आ संस्कृति के बेहतरीन उदाहरण हउवन. कबो रउरा उनका के योग के आसन करत देखम त कबो मीडिया में योग आ संबंधित विषय पर ज्ञान बाँटत.

Yoga Guru Suneel Singh

दिल्ली महानगर के निवासी योग गुरु सुनील सिंह मूलरुप से उत्तरप्रदेश के जौनपुर जिला के हउवन आ पुरातन योग पद्धति आ आधुनिक योग अभ्यास के मिश्रण कर के बहुते बढ़िया तरीका से लोग का सोझा पेश करेलें. उनका 'योग से आरोग्य तक' कार्यशाला में मधुमेह, मोटापा, गरदन के दर्द, डिप्रेसन, दिल के बेमारी, अनिद्रा, तनाव, कमर दर्द वगैरह रोग से मुक्ति पावे के तरीका सिखावल जाला. योग गुरु सुनील सिंह राशिफल, हास्ययोग आ योगाची (जापानी तकनीक) ओ द्वारा लोग के रोग समस्या के निवारण करे ले.

योग गुरु सुनील सिंह के योग कार्यक्रम भोजपुरी टीवी चैनल महुआ का बिहाने बिहाने कार्यक्रम से ले के कार्पोरेट घराना, शैक्षणिक संस्थान तक में आयोजित होत रहेला. दूरदर्शनो पर सबेरेसबेरे कार्यक्रम में उनकर साढ़े सात सौ एपिसोड देखावल जा चुकल बा. एकरा अलावे ऊ बहुते अभिनेता आ अभिनेत्रियनो के योग गुरु हउवे. योग पर सुनील सिंह के लिखल लेख भारत के प्रतिष्ठित पत्र पत्रिका में नियमित रुप से छपत रहेला. शायदे कवनो प्रतिष्ठित पत्रिका होखी जवना में उनकर लेख ना छपल होखे.

Yoga Guru Suneel Singh

योग गुरु सुनील सिंह की योग सिखावे वाली कई गो किताबो लिखले बाड़न जवना में से 'योग से आरोग्य तक' के हिन्दुस्तान के आठ गो क्षेत्रीय भाषा में अनुवाद भइल बा. योग सिखावे वाली एगो डिवीडीओ जारी कइले बाड़े सुनील सिंह. अतुल पान्डेय के निर्देशन में बनल 'जलेबी कल्चर' में योग गुरु के किरदारो कइले बाड़े. मकसद इहे रहे कि आम जनता तक योग के संदेश चहुँपावल जा सके.

योग गुरु सुनील सिंह के बहुत खुशी होखी अगर ऊ अपना भोजपुरिया समाज के सेवा कर सकस.