देखनिहार लोगन का बोलहटा पर फेर आइल बाहुबली

भोजपुरिया दर्शकन के सबसे लोकप्रिय टीवी चैनल महुआ के चर्चा आजुकाल्ह हर जुबान पर बा. बात चाहे ओकरा रियलिटी शो के होखो भा कवनो धारावाहिक के, दर्शकन के महुआ के हर रंग पसन्द बा. आ जब महुआ चैनल के शुरुआती दिन के अति भव्य धारावाहिक बाहुबली के फेर से प्रसारित करे खातिर दर्शकन के चिट्ठी आ इमेल मिले लागल त चैनल ओह कार्यक्रम के फेर से प्रसारित करे के फैसला कर लिहलसि.

A scene from Bahubali

बालीवुड के मशहूर निर्देशक प्रकाश झा के निर्माण कंपनी प्रकाश झा प्रोडक्शन का बैनर में बनल धारावाहिक बाहुबली के महुआ चैनल पर सोमार से बियफे ले रोज रात साढ़े नौ बजे से देखावल जा रहल बा. अपना भव्यता आ उच्च क्वालिटी खातिर चर्चित एह धारावाहिक में बिहार के दू गो बाहुबली राजनीतिज्ञन के कहानी देखावल गइल बा. गँवई पृष्ठभूमि के कहानी के आधार बना के हिंसा आ ओकर परिणाम देखावत एह धारावाहिक में दर्शकन का सोझा बहुते बॉलीवुड स्टार नजर अइहन.

एह बाहुबली धारावाहिक में मुकेश तिवारी, अखिलेन्द्र मिश्रा, चेतन पंडित, दयाशंकर पाण्डे, दीपराज राणा, पंकज त्रिपाठी, विष्णु शर्मा, जहाँगीर खान, पद्म सिंह, सोनल झा, रोशन खान, पारूल यादव, पायल श्रीवास्तव, आ शक्ति सिन्हा अहम किरदार में नजर आई लोग. एकर कहानी के बात कइल जाव त दू गो जमींदार अमरकांत आ बबनलाल के दुश्मनी के कहानी बा. दुश्मनी के कारण बा कि बबनलाल अमरकांत के दामाद के हत्या कर दिहले रहे. एही दुनु बाहुबलियन के आपसी वर्चस्व के लड़ाई देखावल गइल बा बाहुबली में.

बाहुबली के निर्माण प्रकाश झा आ निर्देशन अंशुमान किशोर सिंह कइले बाड़े. क्रिएटिव हेड अनिल अजिताभ हउवें आ कहानी कमल पाण्डे के लिखल ह.

समय फेर से बता दिहल जा रहल बा सोमार से बियफे तक रोज रात साढ़े नौ बजे से महुआ चैनल पर.


स्रोत : महुआ टीवी के जनसंपर्क सलाहकार प्रशान्त-निशान्त