रियलिटी शो गृहलक्ष्मी में औरतन के मिलल पुरस्कार

भोजपुरी के पहिलका मनोरंजन चैनल महुआ टीवी पर भोजपुरिया दर्शकन का दिलोदिमाग में आपन जगहा बना लिहले बा. महुआ के खासियत बा कि ऊ दर्शकन के पसन्द नापसन्द के पूरा धेयान राखेला. एही क्रम में ले आ रहल बा रियलिटी शो गृहलक्ष्मी जवना के शूटिंग आजुकाल्ह पटना में जोर शोर से चल रहल बा.

Vinay Anand giving prize to Gruhlaxmi winner

२४ दिसम्बर का दिने एकर शूटिंग पुनाईचक का करण अपार्टमेंट में भइल जहवां के औरत बाकी दिनन से कुछ अलगा कर के मस्ती कइली आ पुरस्कारो जीतली. एह शो के खेवनहार बाड़े भोजपुरी सिनेमा के स्टार अभिनेता विनय आनन्द जे एंकर बन के प्रतिभागी परिवारन का साथ शो के संचालन करेलें. २४ दिसम्बर के शूटिंग में अंजू सिन्हा एंड फेमिली बनाम बबीता मिश्रा एंड फेमिली का बीच प्रतियोगिता रहे. दुनु परिवार तीन तीन गो पुरस्कार जीतलसि. पुरस्कार में घरेलू उपकरण दिहल गइल.

सुपरहिट हिन्दी फिल्म आमदनी अठन्नी खर्चा रुपैया, लो मैं आ गया जइसन फिल्मन के मुख्य नायक रह चुकल विनय आनन्द एह शो का बारे में बतावत कहलें कि गृहलक्ष्मी घरेलू औरतन के शो हऽ जवना मे हमनी का ओह लोग का जिनिगी के कुछ यादगार पल फेर से जियत ओह लोग के पसन्द नापपसन्द आ कुछ खेल का माध्यम से दर्शकन के मनोरंजन कर रहल बानी सन. पहिला खण्ड में गृहलक्ष्मी हमनी के सवाल के जवाब देबेली जवना के नाम दिहल बा सगुन के पैसा. दुसरका खण्ड खजाने की खोज में गृहलक्ष्मी अपना पूरा परिवार का साथे शामिल होली आ तीसरका खण्ड होला दुल्हन के रंग पिया के संग. एह में मियांबीबी शामिल रहेला लोग. तीनो खण्ड में सबसे अधिका अंक जीते वाला के गृहलक्ष्मी घोषित कइल जाला आ उनका मेगा पुरस्कार मिलेला.

गृहलक्ष्मी के निर्मान साई बाबा टेलीफिल्म्स कर रहल बा आ कुछ समय पहिले बनारस में शूटिंग भइल रहे. अब पटना का बाद दोसरो राज्यन में शूटिंग करावल जाई. कार्यक्रम के प्रसारण जनवरी २०१० से कइल जाई.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त