महुआ पर शुरु भइल डांस संग्राम

Nirahua and Saroj on Dance Sangram show on Mahuaa TVभोजपुरिया दर्शकन के चहेता टीवी चैनल महुआ एक बेर फेर रॉक करे जा रहल बा. लोकप्रिय रियलिटी शो सुर सग्राम का बाद महुआ नाच के दिवाना लोगन खातिर एगो नया रियलिटी शो डांस सग्राम. एकर प्रसारण १५ जनवरी से हर शुक आ शनिचर के रात आठ बजे से होखल करी जवना में नृत्यकला के अलग अलग रुप से रउरा के रुबरु कइल जाई.

भारत का नौ शहरन से, जवना में पटना, बनारस, लखनऊ, गोरखपुर, राँची, कोलकाता, दिल्ली, मुंबई, आ भोपाल शामिल बा, आडीशन का बाद चुनल गइल २४ गो चुनिन्दा डांसिंग स्टार एकर शुरुआती प्रतिभागी होखिहन. डांस सग्राम के जज रहीहें बॉलीवुड के मशहूर नृत्यनिर्देशिका सरोज खान आ एंकरिंग करीहें दिनेश लाल यादव निरहुआ. २४ प्रतिभागियन के दू गो दल बनावल गइल बा जवना के मालिक रहीहें श्वेता तिवारी आ संभावना सेठ. मुकाबिला एही दुनु दल का बीचे होखी. दुनु दल आपन नृत्य कौशल बॉलीवुड के मशहूर नृत्यनिर्देशक लॉलीपॉप का निर्देशन में देखइहन. लॉलीपॉप के नृत्य निर्देशन वाली हिन्दी फिल्म वीर जल्दिये रिलीज होखे वाली बा.

शुक १५ जनवरी के देखावल जाये वाला एपिसोड में सगरी प्रतिभागियन के पांच गो टीम बनावल बा जे भोजपुरी फोक, वेस्टर्न डांस, बॉलीवुड सांग्स, कान्टेम्पररी, आ भोजपुरी आयटम गाना पर डांस कर के देखाई. एह एपिसोड से रउरा सभे के जलकी देखावल जाई कि डांस सग्राम का मंच पर कवन कवन जलवा देखे के मिली. एहू शो के निर्माता गजेन्द्र सिंह हउवें जिनका के रियलिटी शो के जनक कहल जाला.

Dance Sangram logoएह एपिसोड में पटना से अंजली मिश्रा, चाँदनी पाण्डेय, सुकन्या, आनन्द ईशान, चंदन कुमार, आ प्रदीप, बनारस से प्रतिभा पाण्डेय, किरण तान्या, गौरी पाण्डे, अमित आ चारू उपाध्याय, दिल्ली से प्रेरणा, सागर, आ अविनाश, कोलकाता से मास्टर पिंटू, अविनाश जायसवाल, आत्मजीत सिंह, मुंबई से गौरी क्षत्रिय, राँची से अमर, कोमल सिंह, आकाश मुखर्जी, आ दीपू सिंह, आ भोपाल से संजय के नृत्य कौशल देखावे के मौका मिलल बा.


स्रोत : महुआ टीवी के पीआरओ प्रशान्त-निशान्त