जय छठी मईया

2 Nov 2008

वादा रहे कि महुआ टीवी चैनल हर पर्व आ उत्सव पर सांस्कृतिक मनोरंजन परोसल करी आ ऊ एहमें सफल साबितहो रहल बा. आज २ नवम्बर से शुरु हो रहल छठ पर्व का मौका पर महुआ चैनल पर जय छठी मईया नाम से धार्मिक संगीत सीरिज के प्रसारण शुरु हो रहल बा.

सूर्य षष्ठी जवना के छठ का नाम से जानल जाला बिहार, पूर्वांचल, झारखण्ड समेत हर ओह जगहा पर मनावल जाला जहवाँ भोजपुरिया लोग जा बसल बा. छठ के महातम कहीं भा छठी मईया के कृपा के आकर्षण, कोलकाता में बहुते गैर भोजपुरिया परिवारो, जइसे कि मारवाड़ी आ बंगाली, में छठ पर्व मनावल शुरु हो गईल बा. मुंबई दिल्ली में होखे वाला छठ का चलते त पूरा देश के राजनीतिओ गरमा गईल बा.

खैर बात होत रहल हा जय छठी मईया के. काल्हु तीन नवम्बर से सात नवम्बर तक पांच दिन ले रोज सबेरे साढ़े आठ बजे से साढ़े नौ बजे ले ई कार्यक्रम प्रसारित कईल जाई. एह कार्यक्रम खातिर सुप्रसिद्ध भोजपुरी गायिका शारदा सिन्हा, कल्पना, मालिनी अवस्थी, विजया भारती, तनु, मानसी का संगे अजीत अकेला आ बच्चू शुक्लो गवले बाड़े. कार्यक्रम के संचालन प्रसिद्ध भोजपुरी सुपर स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ पाखी हेगडे का साथे कइले बाड़े. महुआ टीवी के ई कार्यक्रम बहुत खूबसूरत बनल बा जवना के हर कोई पसन्द करी.