पहिला पन्ना | खबर | साहित्य | भाषा | टी॰वी॰ | सरोकार | सिनेमा | योग | संगीत | गीत गवनई | भउजी हो | चर्चा बा
लस्टम पस्टम | अगड़म बगड़म | भोला बाबू | राशिफल | शुभकामना संदेश | चिट्ठीमिलल | मारीशस से | भोजपुरी इन्टरनेट


भोजपुरी गीत गवनई

Bhojpuri Songs with full transcripts

बहुते दिन से बहुते पाठक लोग के मांग रहल हा कि अँजोरिया पर भोजपुरी गाना सुने के इन्तजाम कईल जाव. रउरा सभे के ओहि मांग का चलते ई नया कड़ी शुरु कईल जा रहल बा.

भोजपुरी गीतन का साथे बहुते लोग के शिकायत रहेला कि अधिकतर गाना परिवार में बईठ के सुने लायक ना रहेला. अंजोरिया अपना जानते वइसनका कवनो गाना रउरा के ना परोसी. एहि क्रम में तय भईल कि पूरा गाना पहिले अपने सुन लिहल जाव आ सब कुछ ठीक बुझाव त साईट पर ओकर लिंक डालल जाव, ना त ना.

सोचनीं कि जब पूरा गाना सुनहीं के बा त काहे ना पूरा गाना के लिखियो दिहल जाव. हर पन्ना पर एगो गीत के लिंक बा. जब ले गीत लोड होखे तब ले लाइन पढ़ के गाना के अन्दाज लगा लीं. एकाध शब्द हो सकेला कि कहीं कहीं गलत भेंटा जाव भा बुझाव त हमरा के माफ कर देम सभे. दोसरे कवन गाना बढ़िया बा आ कवन नया गाना एह सीरिज में जोड़ल जाव एकरो बारे में रउरा सलाह के इन्तजार रही. इमेल एडीटर एट अंजोरिया डाटकाम