भोजपुरी गीत गवनई

Bhojpuri Songs with full transcripts

त लीं, शुरु हो रहल बा मनोज तिवारी आ साथियन के गावल गीत.

गीत के पूरा लाइन एह तरे से बा :-

Transcript of the song :

शुरु करऽ अन्ताक्षरी ले के हरि के नाम
हारे वाला आँठी खाई, जीते वाला आम
म से गावऽ

मोरे होंठवा से नथुनिया गुलेल करेला
जइसे नागिन से सपेरा अठखेल करेला
ल से गावऽ

लाली लाली होंठवा से बरसेला ललईया हो कि रस चुअेला
जइसे अमवा के मोंजरा से रस चुअेला
ल से गावऽ

ल से गाईं ? अच्छा त सुनऽ
लाख टका के हमरे जवनिया से हम तोहके देब
सईंया घरही में रहऽ अब जनि जा बिदेस

स ? स से सटते नईखे रे
सइकिलिया पे हो के सवार, तू नदिया किनार अईहऽ
जब घड़िया बजाई साढ़े चार, तू नदिया किनार अईहऽ
चलऽ तू ह से गावऽ ह से गावऽ ह से गावऽ गावऽ गावऽ

हँसि के जे देखऽ तू एक बेरिया
हम मरि मरि जाईब तोहार किरिया

या ? यानि कि
याद रखीहऽ ए जी याद रखीहऽ
हमरी पिरितिया तू याद रखीहऽ
ह से गावऽ इयाद नइखे आवत का ?

हे गंगा मईया तोहे पियरी चढ़इबो
सईंया से कर द मिलनवा हे राम
अब म से गावऽ

म से हाय दादा
मिलल नवासा धन के आसा ना साली ना साला
ए ईया हमर ससुरा बड़ा पईसा वाला.
एकर ससुरा बड़ा पईसा वाला
ल. ल से गावऽ का भईल हार गईलू का ? अरे हार गईलू त बोलऽ हम गा के सुनाईं.

लागल करेजवा में तीर हाय राम लागल करेजवा मेंतीर
सखी कासे कहीं ? सखी का से कहीं ?

अरे रे रे भागत काहे बाड़ू लोग ?


Next Song