भोजपुरी गीत गवनई - 15

Bhojpuri Songs with full transcripts

हे गंगा मईया तोहरे पियरी चढ़इबो भोजपुरी के पहिलकी फिलिम रहवे. विश्वनाथ शाहाबादी के बनावल ई फिलिम आजु ले दिल दिमाग में आपन जगहा बनवले बा. एकर गाना खोजत खोजत मुहम्मद रफी के गावल भोजपुरी गीत सोनवा के पिंजरा में बन्द भइल मिल गइल त ओकरा के एह जगहा पर पेश कइला से रोक ना पवनीं. लीं रउरो आनन्द लीं....

सोनवा के पिंजरा में बन्द भइल हाय राम
चिरई के जियवा उदास
टूटि गइले डलिया
छितरी गइले खोंतवा
छूटि गइल नील रे अकास
सोनवा के पिंजरा में बन्द भइल हाय राम
चिरई के जियवा उदास

छल छल नयना निहारे चुप चिरई
चलली बिदेसवा रे मईया के दुलरुइ
छल छल नयना निहारे चुप चिरई
चलली बिदेसवा रे मईया के दुलरुइ
अँसुवा के मोतिया निसानी मोरे बाबुला
अँसुवा के मोतिया निसानी मोरे बाबुला
धारि गइनी हम तोहरे पास
सोनवा के पिंजरा में बन्द भइल हाय राम
चिरई के जियवा उदास

बिलखति रहि गइलि संग के सहेलिया
ले गइल बान्ध के निठूर रे बहेलिया
बिलखति रहि गइलि संग के सहेलिया
ले गइल बान्ध के निठूर रे बहेलिया
मोरे मन मितवा भुला दे अब हमरा के
मोरे मन मितवा भुला दे अब हमरा के
छोड़ि दे मिलन के तू आस
सोनवा के पिंजरा में बन्द भइल हाय राम
चिरई के जियवा उदास