पहिला पन्ना | खबर | साहित्य | भाषा | टी॰वी॰ | सरोकार | सिनेमा | योग | संगीत | गीत गवनई | भउजी हो | चर्चा बा
लस्टम पस्टम | अगड़म बगड़म | भोला बाबू | राशिफल | शुभकामना संदेश | चिट्ठीमिलल | मारीशस से | भोजपुरी इन्टरनेट

शुभकामना संदेश

Manoj Singh Bhawuk

श्री मनोज सिंह भावुक,
हमार टीवी में प्रोग्रामिंग हेड


संपादक जी,
सात शब्द बडा शुभ होला. सात फेरा, संगीत के सात सुर , प्रकाश के सात रंग ...........रउरो अँजोरिया के सातवाँ साल शुरु होखे का मौका पर बधाई ले लीं. अंजोरिया लगातार अंजोर कर रहल बा. सन २००६ से हम खुद अंजोरिया के विकास -यात्रा में साथे बानी.
उम्मीद करत बानी अंजोरिया भोजपुरियन खातिर थाती बनी.

Loknath Tiwari

श्री लोकनाथ तिवारी.
कोलकाता में वरिष्ठ पत्रकार


अँजोरिया के छह साल पूरा कइला पर हमरा ओर से बधाई आ ढेर शुभकामना. लगातार छह साल ले बिना कवनो आर्थिक लाभ के अँजोरिया के अँजोर कइला खातिर जतना बड़ाई कइल जाव ऊ कम बा. अतना धीरज देखावे के काम कवनो जीवटे वाला ही कर सकेला. छह साल पहिले नेट पर भोजपुरी के कल्पना भी ना कइल जा सकत रहल हा.

अँजोरिया अब एगो सम्पूर्ण पत्रिका अउरी साइट हो गइल बिया. अब एकरा के अलग अलग ब्रांच मे बाँटल जा सकेला, लेकिन ओकरा संगे ओकर आर्थिक पहलु भी जरुरे जुड़ल रहे के चाहीँ. हम त भोजपुरी भाषी सहित्यकार, कलाकार आ समर्थ पाठकन से अनुरोध करब कि अँजोरिया के आगे बढ़ावे में मदद करसु लोग.

अँजोरिया जगजगात रहे. संगे संगे रउरा भी तन मन धन जन से फरात फुलात रहीं.

नमस्कार

Sujit Kumar Srivastava

श्री सुजीत कुमार श्रीवास्तव,
सहायक प्रोड्यूसर (आउटपुट), हमार टीवी,
वाराणसी ब्यूरो.


बड़ी दिन से एगो अइसन वेबसाइट के बारे में हम सुनत रहली की भोजपुरी के वैश्विक स्तर पर अउर दुनिया के हर कोना में हर शब्द में मिठास घोले वाला..भोजपुरी के पहचान के अउरी सुदृढ़ करे खातिर काम कर रहल बा...जब अंजोरिया के साईट पर अईनी त ई बात एकदम साँच लागल...अंजोरिया के सगरे टीम के हमार साधुवाद बा....अंजोरिया भोजपुरी के एगो अलग पहचान बनावे खातिर काम करत रहो..अउरी सगरे भोजपुरी बोलेवाला लोग के एके जगह पर प्यार से बाँध के रखे में कामयाब रहो...ई हमार दिल से गुजारिस बा...

RaviKumar Giri

श्री रवि कुमार गिरि, युवा अध्यक्ष,अखिल भारतीय गोस्वामी महासभा, कोलकाता से


अँजोरिया आपन सातवाँ सालगिरह मनावत बा जान के बड़ा खुशी भइल. हमार शुभकामना रउरा संगे बा.

Abhay  Krishna Tripathi

श्री अभय कृष्ण त्रिपाठी, कवि, साहित्यकार, आ ज्योतिषी, पुणे से


हमरा साथ एगो समस्या बा अउर ऊ इ कि जब हम केहु से बिना स्वार्थ के जुड़ी ले त हम खुद के ओ चीज चाहे मनई से अलग कर के ना देखी ले. यही कारण बा कि हम अबही ले फैसला ना कर पइलीं कि अँजोरिया के शुभकामना संदेश कईसे दी? काहे से कि इ अपने बड़ाई कइल होखी. फिर भी कुछ त लिखेही के बा से लिख रहल बानी...

जब हमरा के कउनो रुप में अजोरिया से जुड़े के प्रस्ताव मिलल (रचनाकार के रूप में) त हम कुछ भी करे से पहिले रउआ से मिले के निश्चय कइलीं आ मिलला के बाद हमरा जब भरोसा भइल कि हम जवन भोजपुरी खातिर अँजोरिया से जुड़ जा रहल बानी ऊ सही हाथ में बा, आ अगर केहु हमरा के उँहा निस्वार्थ जुड़े के कह रहल बा त गलत नईखे कहत. आ अँजोरिया सचमुच मे जवन भी कर रहल बा, भोजपुरी चाहे भोजपुरी संस्कृति खातिर, ऊ बिना लाभ हानि के गणित के कर रहल बा. आ इहे सबसे बड़ कारण रहे कि ओह समय के आपन आर्थिक तंगी, समयाभाव अउरी पारवारिक परेशानी क बादो जवन कर सकत रहीं करे के बीड़ा उठा लिहलीं, आ प्रयास ईहे रही कि मरते दम तक हम आपन बात निभाईब. हम जवन भी करेब ऊ अँजोरिया रुपी सागर में भले एगो नदी ना बन पाये पर हमरा यकीन बा कि हमरा जईसन लाख बूँद इकठ्ठा करके रऊआ अँजोरया के सागर में कुछ ए तरह से भरेब कि जब भी केहु अँजोरिया के सागर में डुबकी मारी त कहीं ना कहीं ओकरा के हमरो बूँद के महक जरुर मिली. अँजोरिया के भोजपुरी सागर में केहु के भी बूँद बह के आ जाये पर अँजोरिया भोजपुरी के सागरे रही आ ई भोजपुरी के सागर के जन जन के पास पहूँचावे वाला के साथ मिलके अइसन आसमान के निर्माण कर दी कि लोग के मुँह से सिर्फ अउर सिर्फ एगुड़े राग निकली...

पईसा त सबही लोग बहुत कमाए ला,
जब भी सेवा के बात होखी राउर बात होखी,
आसमान में सितारा बहुते बा लेकिन,
अँजोरिया के नाम अउते जिक्र राउर होखी,
जानत बानी काल हममे से केहु ना रही,
पर हर घर में अँजोरिया के चरचा होखी.

Prabhakar Pandey

श्री प्रभाकर पाण्डेय, रिसर्च एसोसिएट, आईआईटी, मुंबई


अँजोरिया त वेब क माध्यम से पूरा संसार में भोजपुरी सभ्यता, संस्कृति अउरी भासा-बोली से जन-जन के परिचित करा रहल बा. ई इंटरनेट पत्रिका आज की समय में कवनो परिचय के मुहताज नइखे. इहवाँ छपल यथार्थ अउरी सटीक भोजपुरी रचनन, समाचारन आदि के हम चटकारा ले ले के पढ़ेनी. अँजोरिया त भोजपुरी माटी की गमक से सराबोर बा अउरी एतने ना ई त भोजपुरिया समाज के दरपन हऽ. ई भोजपुरी के एगो नया ऊँचाई दे ले बा. भगवान करें की ई दिन दूना अउरी रात चउगुना एही तरे भोजपुरी की सेवा में लागल रहो, अउरी भोजपुरी के परचम पूरा इंटरनेट दुनिया में फहरावत रहो.

अँजोरिया के अँजोर मन में समाइल बा,
एकर छह सालि पूरा होखे पर आइल बा,
अरे छह का इ छसौ सालि के भी हो जाई,
त दिन दूना-रात चौगुना आगे बढ़त जाई,
एकरी रग-रग में त भोजपुरी अउरी
भोजपुरिया जीवन समाइल बा,
पूरा भोजपुरिया संसार ए में नहाइल बा.
एकरा के पढ़ले-लिखले-सुनले-गुनगुनइले से,
त भोजपुरिया मन गदगदाइल बा.
ई भोजपुरियन के सच्चा सहगामी, निशानी बा,
ए में गाँव-गिराँव के सनेसा, भोजपुरी सिनेमा, अउरी ईया-नानी के कहानी भी समाइल बा.

Mantosh Singh

श्री मंतोष कुमार सिंह, पत्रकार और गीतकार, पत्रिका, भोपाल (मप्र)


आठ बरिस से हम पत्रकारिता क्षेत्र में बानीं. देश के छोटका से लेके बड़का अखबार, पत्र-पत्रिका, आकाशवाणी आदि में रचना प्रकाशित-प्रसारित हो रहल बा, लेकिन सगरी रचना हिन्दी में बा. लगभग एक साल पहिले इंटरनेट पर अंजोरिया से भेंट भइल. अंजोरिया से भइल ई मुलाकात हमार साहित्य क्षेत्र में नया अध्याय जोड़ दिहलस. लोगन के भोजपुरी में रचना पढ़के, हमरो अंदर भोजपुरिया खून खौल गइल. हमरो कलम से भोजपुरी शब्दन के कोंपल फुटल और पहिला रचना अंजोरिया पर प्रकाशित भइल. अब अंजोरिया के साथे-साथे भोजपुरी के हमरो कारवाँ निरंतर आगे बढ़त बा. दूसरो जगह पर भी रचना प्रकाशित हो रहल बा. यहां तक कि द संडे इंडियन (भोजपुरी) में भी हमरी नाम के जिक्र भइल. हमरी सफलता के पूरा श्रेय अंजोरिया के बा. अंजोरिया के बारे में हम मात्र इहे कहब कि इ सिर्फ अंजोर करे का काम करत बा. अंजोरिया के सांतवा साल पर हमरी ओर से ढेर सारी बधाई.

Noor Alam

कोतवाली - ९, जमुनिया बारा- नेपाल के श्री नूर आलम बादशाह दोहा कतार से


गन्तव्य के तरफ अग्रसर होखs अंजोरिया तू.
पाठक सब के भावना के शिखर चुमऽ तू.
पुरा तोहर इच्छा होखे हमनी खातिर ज्योति झार के
हमेशा दर्पण बनल रहs तू भोजपुरी खातिर साजसंवार के
विश्वासी बनल रहs तू अंजोरिया हरेक पाठक के ऊपर
विश्वासी रहे अंजोरिया कल्पना सब तोहार
शीतल रहे अंजोरिया तोहार भावना
लाखो अरबो बारिस पार करs इहे बा हमर शुभकामना.

Devendra Giri

श्री देवेन्द्र गिरी, पानीपत (हरियाणा) से


हमरा ई जान के बहुत ख़ुशी भइल की अंजोरिया के सातवां साल पूरा होखे जा रहल बा. anjoria.com के सभे पाठकन आ संपादक जी के हमरा तरफ से बहुत-बहुत हार्दिक बधाई हो. हम anjoria.com पर लगभग डेली visit करेनी. पर हमरा अफ़सोस एह बात के बा की हमरा अंजोरिया के बारे में जानकारी एक साल पहिले भइल. तब से हम अंजोरिया के नियमित रूप से पढेनी. पर आज हमरा अंजोरिया पर देश -विदेश के news के साथ-साथ जीवन क्षेत्र के विविध जानकारी अउर entertainment मिलला से हम बहुत ख़ुशी महसूस करेनी. खासकर भोजपुरिया भाषा अउर ओह क्षेत्र से जुडल समाचार हम बहुत पसंद करेनी. हमरा तरफ से एक बार अउर हार्दिक बधाई एवं शुभकामना बा !!!.

Ajit Kumar Tiwari

दिल्ली से श्री अजीत तिवारी जी, थावे वाली माता जी के भक्त


अँजोरिया के छठवां वर्षगाँठ पर हमरा तरफ से बहुत बहुत बधाई आ शुभकामना स्वीकार करीं.

अँजोरिया भोजपुरी के सबसे प्रतिष्ठित, सबसे उच्च गुणवत्ता वाला, अउर सबसे ज्यादा भोजपुरिया लोग के प्यार अउर विश्वास पायेवाली आनलाइन पत्रिका हऽ. ई पत्रिका भोजपुरी के हर विधा, हर क्षेत्र, हर वर्ग, हर उमिर के लोग के एक बराबर धेयान राखेला. अपना घर परिवार से दूर देश विदेश में रहेवाला लोग के अपना माटी से जोड़ के राखे में सबसे सक्षम वेबसाइट इहे बा.

एकर सारा श्रेय रउरा के बा जेकरा रातदिन के अथक मेहनत अउर दृढ़ इच्छा से अँजोरिया एह मुकाम पर पहुँचल बा. रउरा के कतनो धन्यवाद दिहल जाव कम बाटे.

हमार इच्छा बा कि

जबतक आसमान में सूरज चाँद चमकत रहे,
तबतक अँजोरिया के खुशबू गमकत रहे.
केहू छपरा, बलिया चाहे अमेरिका रहे,
अँजोरिया धड़कन बन के जियरा में धड़कत रहे.

अंजोरिया दिन दुना रात चौगुना तरक्की करे इहे हमार शुभकामना बा.

Pankaj Praveen

दिल्ली से श्री पंकज प्रवीण, भोजपुरी गायक


भोजपुरी उम्मीद के भोर हऽ अंजोरिया.
भोजपुरी हऽ नदी त ओकर ओर हऽ अंजोरिया.
इन्टरनेट पर भोजपुरी के शोर हऽ अंजोरिया.
जादा का कही भोजपुरी के अंजोर हऽ अंजोरिया.

अंजोरिया के छठवाँ सफल वर्षगाठ के शुभकामना

Shailesh Mishra

टेक्सास अमेरिका से भोजपुरी एसोसिएशन आफ नार्थ अमेरिका, बाना, के अध्यक्ष आ भोजपुरी के सबसे बड़हन आ सक्रिय सोशल साइट भोजपुरीएक्सप्रेस.कॉम के संचालक श्री शैलेश मिश्रा


राउर लिखल अंजोरिया के पूरा जीवनी पढ़के पुरान याद कुल्ही ताज़ा हो गईल. हम अंजोरिया के बचपन से लेके आजु तक के सफ़र आपन आंखी से देखले बानी. इंटरनेट पर अईसन बहुत कम भोजपुरी वेबसाइट बाड़ी सन जवना के भोजपुरी के प्रति कर्तव्यनिष्ठ आ समर्पित कहल जा सकेला. अंजोरिया के गिनती एहमे बहुत साल से बा आ उम्मीद बा कि आगे भी कई साल तक अंजोरिया भोजपुरी के सेवा करत रही.

सन २००१ में जब हम पढाई करे खातिर अमेरिका पहुंचनी त आपन माटी से दूर कवनो भोजपुरी से जुड़े के साधन ना रहे. सबसे पहिला ग्लोबल भोजपुरी याहूग्रुप के शुरुआत ओही साल भईल रहे आ विनय पाण्डेय जी (रांची) तथा शशि भूषण राय (सिंगापुर) के परिचय मिलल. तब डॉट कॉम बूम के बावजूद एच.टी.एम्.एल में भोजपुरी पर बहुत गिनल-चुनल सामग्री रहे. जब २००३ में अंजोरिया आईल, त हमार पहिला नज़र भोजपुरी पीडीऍफ़ ग्रामर लेसन (व्याकरण पाठ) पर गइल आ भोजपुरी में फॉण्ट देखके मन गद-गदा गईल. बहुते आश्चर्य भईल जब हम सुननी कि अंजोरिया के सम्पादक ओ.पी सिंह जी कवनो सॉफ्टवेर इंजिनियर ना बलुक पेशा से डॉक्टर हवन. तब से लेके आजु तक हमेशा अंजोरिया भोजपुरी के गमक बरकरार रखले बिया आ उतार-चढाव के बादो आपन अस्तित्व बनवले रखलस.

पिछला दस साल में इंटरनेट पर भोजपुरी के विकास-यात्रा के हम बहुत करीबी से देखले आ परखले बानी आ दुनिया के शायदे कवनो भोजपुरी वेबसाइट बा जवना के इतिहास आ योगदान से हम अपरिचित बानी. अंजोरिया मात्र भोजपुरी के वेबसाइट ही ना, भोजपुरी के धरोहर भी बा. सबसे ख़ास बात इ बा कि अंजोरिया हमेशा शुद्ध भोजपुरी भाषा के पाठकन के परोसलस. जे आपन भोजपुरी सुधारल चाहता आ सही व्याकरण के साथ भोजपुरी सीखल चाहता, ओकरा अंजोरिया.कॉम पर जरूर जाए के चाहीं.

अंजोरिया के संचालक बलिया में बाडन आ बलिया जिला में हमार गाँव बा, एहसे भोजपुरी के बढ़त डेग के साथे हमरा लागल कि हम आपन गाँव से भी जुडल बानी, चाहे नेट से ही सही. जहाँ कईगो भोजपुरी वेबसाइट खुलल आ रातों-रात बंद भी हो गईल (जैसे कि भोजपुरीदुनिया.कॉम, लिट्टीचोखा.कॉम, फूलझरी.कॉम..), उहाँ अंजोरिया आजुले टिकल बिया आ जुलाई १८, २००९ के छह साल पूरा कर ली. एह मौका पर हम अंजोरिया के शुभकामना त देते बानी, साथे भोजपुरी के ई ऐतिहासिक वेबसाइट के शत-शत नमन करतानी.

Bhojpuria Guru Manoj Srivastava

लखनऊ से श्री मनोज श्रीवास्तव, भोजपुरी संसार पत्रिका के संपादक आ भोजपुरिया गुरु का नाम से मशहूर.


अंजोरिया के गुन अइसे त सभे जानत बा कि अन्हरिया से उबारे में ओकर कउनो जोड़ नइखे. ओही तरेह से भोजपुरी के सँउसे दुनिया में पसारे में अंजोरिया डाट काम बेजोड़ बा. हम ई बात कह के कउनो औपचारिकता नइखी निभावत, बलुक एह साइट के छह बरीस पूरा भइला के मउका पर अपना मन के बात सभकरा सोझा राखत बानीं. हम भाई ओ.पी. सिंह के मेहनत, लगन आ समरपन के गवाह बानीं. एह मउका पर उहां के हमार बधाई कबूल करीं आ अपना अंजोरिया से अन्हरिया मेटा के भोजपुरी के आउर आगे बढ़ावे में लागल रहीं. इहे हमार कामना बा.

Praneet Srivastava

डबलिन आयरलैण्ड से श्री प्रणीत श्रीवास्तव, साफ्टवेयर इंजीनियर


बहुत बहुत बधाई हो.. अँजोरिया के छह साल पूरा होखे खातिर. आईटी फील्ड में कवनो सहायता के जरुरत पड़ी वेबसाइट खातिर त निसंकोच कहब. सहयोग हमेशा रही. अउर आशा करत बानी कि आगा भी अइसहीं अँजोरिया नं वन भोजपुरी साइट बनल रही.

Manish Sharma

दुबई से श्री मनीष शर्मा माही, कम्पनी सचिव.


अँजोरिया की छठवीं सालगिरह पर मैं आपकि हार्दिक बधाई देता हूँ. इश्वर इसे लम्बी उमर दे ताकि अँजोरिया अपने दुधिया प्रकाश से सब जगह अँजोर करती रहे. अज्ञानता का माहौल खतम हो और हमारे भोजपुरिया समाज के उत्थान में ये एक महत्वपूर्ण रोल अदा करे. मैं रोजाना आपके इस साइट को विजिट करता हूँ. फीडबैक इसलिये पोस्ट नहीं करता क्योंकि पहले से ही मैं आपको उस समस्या से अवगत करा चुका हूँ. एक बात मैं यहाँ कहना चाहूंगा कि जिस तरह से आप भोजपुरी फिल्मों कलाकारों और उनकी आनेवाली, जानेवाली, ओर करण्ट मूवीज के बारे में जितना विस्तार से लिखते हैं, कहीं कहीं एसा लगता है कि अँजोरिया एक भोजपुरी फिल्म मैगजिन है. बाकी न्यूज जैसे कि टटका खबर में बस आप दो चार लाइन ही लिखते हैं वो भी किसी मे इमेज नहीं मिलता है. लेकिन फिल्म वाले किसी भी लेख में आपको उससे संबंधित चित्र देखने को मिल जायेगा. यह सब कुछ ज्यादा लगता है. अँजोरिया में सब न्यूज बराबर हो तो बहुत अच्छा रहेगा. कुछ कैरियर से रिलेटेड न्यूज हो, कुछ स्पोर्ट्स से जुड़ी खबरे हों, कुछ एसे प्रखर शख्सियत से बातचीत साक्षात्कार हो जिन्होंने अपने मेहनत के बल पे एक मुकाम हासिल किया हो जैसे कि आईएएश, पीसीएस, मेडिकल, इंजीनियरिंग टापर्स वगैरह वगैरह. मेरी किसी भी बात का बुरा मत मानियेगा. अगर कोई बात कहना चाहें तो स्वागत है. एक अनुरोध और है, सालगिरह के दिन शुभकामना संदेश में मेरा बस शुभकामना संदेश ही पोस्ट करियेगा बाकी बातों को प्लीज पोस्ट नहीं करेंगे.

Pinky Naz

रक्सौल से कुमारी पिंकी नाज


ओपी सर, सलाम.
हम बहुत पहिले शुभकामना संदेश भेजले रहीँ. लेकिन अबहीं तक लिस्ट में हमार नाम पता कुछुवो नइखे. शायद गलती राउर बा कि हमार पता ना. फिर भी हम एक बार फे से शुभकामना संदेश भेज रहल बानीं. मेहरबानी कर के जल्दिये हमार शुभकामना पोस्ट कर देहम.

Jeewan Bawal

सरलाही नेपाल से श्री जीवन बवाल


गोड़ लाग रहल छी.

अंजोरिया के वार्षिक उत्सव पर हम बहुत बहुत शुभकामना दे रहल छी. लाखो करोड़ो बरिस पार करत अहाँ के अँजोरिया, ई हमर भीतरी दिल से प्रार्थना छई. एक बात जे अहाँ बार बार कही छी कि अंजोरिया नम्बर वन साइट नई छिया, ई हमरा नीक नई लागत, के कह रहल छई कि ई साइट नम्बर वन नय छई? इहा त डेली टटका टटका खबर देखे के मिल रहल छई. एना दोसर कवनो साइट पर नय देखे के मिलल आज तक. से हम अहाँ से रेक्वेस्ट कर रहल छी कि एहन बात करके हमरा दुखी नय बनाऊ आज से. अन्त मे फेर से शुभकामना.

Photo unavailable

भोपाल से कुमारी नीतिका गोगूला


Anjoria is a very useful site for those interested to learn Bhojpuri.

Now that it is stepping into another year, what I can only say is a huge thanks to the team of Anjoria.

May the site always be successful in adding further sheen to the ancient,indigenous Bhojpuri language.

Congratulations for the accomplishment.

Seeking your blessings,

Photo unavailable

अँजोरिया ग्रूप के सदस्य श्री शम्भुनाथ


हमार शिवशंकर भोलेनाथ से निहोरा बा कि अँजोरिया के अँजोर जुग जुग तक कायम रहे अउर रउरा परिवार पर माई के आशीर्वाद के हाथ हमेशा बनल रहे.

Photo unavailable

भोजपुरी एक्सप्रेस नेटवर्क के श्री सुरेन्द्र ओझा


Anjoriya ke 6 saal poora hokhala ke awasar par hamara taraf se dher sara Badhayee ba.

Aisahi raua anjoriya ke apna sange leke dheere dheere aage badhat rahi ehe hamar shubhekchha ba.

Photo unavailable

भोजपुरी एक्सप्रेस नेटवर्क पर श्री मनीष


शायदे कवनो भोजपुरी भाषा प्रेमी होई जे अँजोरिया नाम से अनजान होई. अँजोरिया आज अपना परिचय के मोहताज नइखे. हम आज भी आपन पहिला दिन याद करेनी जब वेबसाइट पर अँजोरिया देखले रहनी. ओहजा हम शैलेश भैया से भी मिलनी. हम डेली अपना कम्प्यूटर के डेस्क पे एगो पेपर स्टिक चिपका के राखीं कि हमके केतना बजे आनलाइन होखे के बा आ अँजोरिया विजिट करे के बा. उहो एगो दौर रहे.

हमार बहुत ढेर सारा शुभकामन बा अँजोरिया खातिर. दिन दूना प्रगति करे. लम्बा उमिरहोखे आ सबसे बढ़के आपन नाम के इज्जत बनवले रहे. जैसे नाम अँजोरिया बा, वइसहीं फर जगहा आपन दुधिया प्रकाश ज्ञान के प्रकाश फइलवले रहे.

Photo unavailable

Dear Editor Sahab,

Namaskar.

On this 7th birthday of Anjoria, we would like to extend our whole hearted wishes not just to you but the entire Bhojpuriya Samaj. It’s a new beginning of the website as well as a whole bundle of happiness for all the people like us who stay away from our very own Bhojpuri land.

Whatever you have done single – handedly is indeed commendable. Your website has given a new life to this very sweet and pure language as it has been able to keep pace with the ever changing technological world. Infact, we would say that Anjoria has been successful in bringing the anjor in Bhojpuri today.

Its just because of you that we can keep in touch with the day to day happenings at our place. We can very well understand that in a profession like yours, it must be very difficult to manage all these things. But, we need people like you who work for the language not for their own profit but for the growth of the language itself…to keep the language alive wherever we are.

So Sir, if we can do even a bit for the website, kindly let us know. It would be an honour to serve Bhojpuri in whatever way we can.

Finally, once again we would congratulate you on the successful completion of 7 years of your website. The number of viewers is definitely a proof of your efforts. Keep up the spirit.

हम आ गइनी आपन माटी से दूर जरूर
पर माटी के सुगन्ध अबहूँ आवेला.
हमरा से हमार भाषा में बतियावेवाला इहाँ केहू नइखे
पर हमार अँजोरिया हमार भाषा से रोज हमरा मिलवावेला.

Hats off to you editor. Thank you so much.

Regards,
Shashvat Singh (Brother from Anand) and Yashasvi Singh (Sister from Bhopal)

सम्पादक का तरफ से धन्यवाद


अँजोरिया के छठवां सालगिरह पर सुधी पाठकन से मिलल राय, सलाह, शुभकामना, आलोचना सब सिर माथे. मनीए जी के आग्रह का बावजूद हम उनकर पूरा बात प्रकाशित कइले बानी काहे कि हम जानत बानी कि अँजोरिया के ढेर सारा पाठक ओह बात से सहमत होखिहन.

शुभकामना के मतलब झूठ प्रशंसा ना होला. जहाँ जरुरी बुझाव तहाँ कमी देखावलो शुभचिन्तक के काम होला, शुभ कामना में शामिल होखे लायक होला. बाकिर बहुत कुछ हम अकेले काम कइला का चलते ना कर पाईं.

राउर
ओमप्रकाश

Photo unavailable

भोजपुरी एक्सप्रेस नेटवर्क से कुलदीप कुमार श्रीवास्तव, पूर्वांचल एक्सप्रेस


आपके बहुत बहुत बधाई, अँजोरिया छह साल से भोजपुरी लोगन के जीवन अँजोर कर रहल बा. आपका भोजपुरी समाज हमेशा आभारी रहेगा!

Photo unavailable

Nirmal Anand from Delhi


1st of all I would like to say sorry because i am sending mail today, I should have sent it and say congrats earlier, but am sorry for delay as I was not in touch of the net. I know myself how much this site has helped me, no one can imagine. Congratulation on Anniversary of anjoria.com I pray to God, and I will pray always, that this site achieves the highest position in the whole universe.