अगिला चुनाव व्यक्तित्व पर लड़ल जाई
राज्यसभा में नेता विपक्ष अरूण जेटली के लागत बा कि देश में होखेवाला अगिला चुनाव पार्टियन का बीच ना हो के अमेरिका के राष्ट्रपति चुनाव जइसन व्यक्तित्व का मुद्दा पर लड़ल जाई. नाम त ना लिहलन बाकिर अरुण जेटली के कहना रहे कि पार्टी के चाहीं कि जतना जल्दी हो सके अपना प्रधानमंत्री के उमेदवार के एलान कर देबे के चाहीं.

“भारत २०२० – आवे वाला चुनौती” पर बोलत अरुण जेटली के कहना रहे कि देश के संसदीय लोकतंत्र में चुनाव पार्टी आधार पर होखेला बाकिर लोग चाहत बा कि देश के एगो सक्षम नेतृत्व मिले जवन मौजूदा नेतृत्व से बेहतर होखे. एह चलते अबकी के चुनाव व्यक्तित्व का आधार पर लड़ल जाई. एह खातिर भाजपा आ कांग्रेस के पीएम उमेदवारन का बारे में जनता चाहल चाहीं. लड़ी त सेना बाकिर जनता के फैसला सेनापति के आधार पर होखी. एहसे भाजपा के चाहीं कि जल्दी से जल्दी अपना नेता के फैसला कर लेव काहे कि जनता भाजपा ओरी देखत बिया.

अपना भाषण में अरूण जेटली नरेन्द्र मोदी के नाम सीधे सीधे त ना लिहलन बाकिर इंगलैंड के प्रधानमंत्री रहल मार्गरेट थैचर के उदाहरण देत कहलन कि उनका बारे में कहात रहे कि पसन्द करऽ भा नापसन्द बाकिर उनकर अनेदेखी ना कर सकऽ.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।