अद्भुत खगोलीय घटना बलिया में देखावल जाई

काल्हु बुध का दिने बलिया के तहसीली स्कूल में एगो अद्भुत खगोलीय घटना देखावे के इन्तजाम बलिया के जिला विज्ञान क्लब का ओर से करावल जा रहल बा.

बुध के सँझिया करीब पौने पाँच बजे से पौने सात बजे का बीच एह दृश्य के देखल जा सकी. जिला विज्ञान क्लब के समन्यवक सुधीर कुमार सिंह आ सह समन्वयक रजनीकांत सिंह एह बात के जानकारी देत बतवलें कि सूरज आ धरती का बीच से बुध के पार करे के घटना कई कई बरीस बाद होखल करेला. आ चूंकि बुध के आकार बहुते छोट होला एह चलते सूरज पर महज एगो छोट बिन्दी जिसन लउकेला बुध.

बाकिर सभका के खबरदार कइलो जरुरी बा कि सूरज के कबो खाली आँखि ना देखे के चाहीं ना त आन्हर हो जाए के पूरा अनेसा रहेला.

तहसीली स्कूल में एह मौका पर मुख्य अतिथि रहीहें बीएसए डॉ. राकेश सिंह आ हर आदमी के एगो स्पेशल चश्मा दीहल जाई जवना से एह दृश्य के बिना कवनो खतरा देखल जा सकी.

खबरदार –
कवनो दोसरा तरीका से एह घटना के देखे के कोशिश मत करे केहु.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।