अपना आखिरी रैली में पीएम मोदी आरक्षण के बैलून पचका गइलन

दरभंगा में अपना आखिरी चुनाव सभा में पीएम मोदी लालू-नीतीश के आरक्षण के गुब्बारा पचकावत कह गइलन कि अब एह लोग में मुख्यमंत्री के कुर्सी का जगहा नेता विपक्ष के कुर्सी खातिर विवाद चलत बा. बतावल जात बा कि लालू के कहना बा कि नीतीश के नाम मुख्यमंत्री खातिर मनले रहलन, अगर सरकार बने के हालात ना बनल त नेता विपक्ष के फैसला बाद में लीहें.

सौ दिन ले आपन चुनाव कार्यक्रम चलवले पीएम मोदी जवना धमाकेदार तरीका से 25 जुलाई का दिने मुजफ्फरपुर के चक्कर मैदान से परिवर्तन रैली के शुरुआत कइले रहलें ओतने धमाकेदार रहल उनकर आखिरी रैली. एह बीच पीएम मोदी पूरा बिहार के मथ दिहलें आ इतिहास बन गइल कवनो प्रधानमंत्री के कवनो एक राज्य में चुनाव प्रचार करे के.

प्रधानमंत्री मोदी कहलन कि सोचले रहलन कि बिहार में विकास के मुद्दा पर चुनाव लड़ल जाव बाकिर महास्वार्थबन्धन वाला लोग पहिले आरक्षण के फुलौना फुलावल शुरु क दिहलन आ जब ओकरा के पचका दिहनी त अब फिरकापरस्ती के खेल खेले के कोशिश होखत बा. पिछला एक हप्ता से लोग आरक्षण के नामो लीहल भुला गइल बा. कहलन कि अबकी अइसन सीख मिलल बा एह लोग के अब एह देश में केहू जाति आ मजहब का नाम पर वोट ना मांगी.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।