अपना खलनायकी से दर्शकन का दिल पर राज करत बिपिन सिंह

BipinSingh-CharnoKiSaugandhअनेका सफल भोजपुरी फिलिमन में अपना खल भूमिका से चर्चित अभिनेता बिपिन सिंह अब पूरा से खलनायिकीए ला समर्पित हो गइल बाड़न. बतौर खलनायक बिपिन सिंह हाल ही में “चरणों की सौगंध” आ “जय माँ मैहर वाली” पूरवलें आ “बेनाम बादशाह”, “ठोक देब”, अउर “महारानी” साइन कइले बाड़न.

पिछला साल के चर्चित आ सफल फिलिम “फूल बनल अंगार” अउर “कालिया” से खलनायिकी के परदा पर उभर के आइल बिपिन सिंह अब भोजपुरी के सगरी बड़का निर्माता-निर्देशकन संगे काम करत बाड़ें. मकसद बस एके बा कि अपना खलनायिकी से दर्शकन का दिल पर राज करसु.


(भोजवुड न्यूज)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *